[the_ad_group id="30365"]

Weather Update: देस के कइयन गो राज्यन में भारी बरखा आ ओलावृष्टि के अलर्ट, IMD जारी कइलस पूर्वानुमान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय मौसम विज्ञान विभाग (IMD) देस के कइयन हिस्सन में भारी बरखा आ ओलावृष्टि के अलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग बतवलस कि देस के अलग-अलग हिस्सन में अगिला तीन दिनन में भारी बरखा आ ओलावृष्टि होखे के संभावना बा।

देस के कइयन राज्यन में भारी बरखा आ ओलावृष्टि के अलर्ट

विभाग अपना ट्वीट में कहलस कि उत्तर-पश्चिम भारत, मध्य भारत, दक्षिण भारत, पूर्व-भारत आ उत्तर-पूर्व भारत के अलग-अलग हिस्सन में भारी बरखा हो सकत बा। विभाग के मोताबिक, एह दौरान उत्तर-पश्चिम भारत, मध्य, पूर्वी आ पश्चिमी भारत के अलग-अलग इलाकन में ओलावृष्टि हो सकत बा।

शिमला आ हिमाचल में भारी बरखा खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी

मौसम विभाग महाराष्ट्र के कइयन इलाकन में हलुका से मध्यम बरखा के चेतावनी जारी कइले बा। आईएमडी मुंबई कहलस कि अगिला तीन से चार घंटन के दौरान मुंबई, ठाणे आ पालघर जिलन के अलग-अलग जगहन पs हलुका से मध्यम बरखा होखे के संभावना बा। मालूम होखे कि मौसम विभाग सनीचर के शिमला आ हिमाचल में एगो आउर दु मई के बाद बरखा में बढ़न्ती खातिर ऑरेंज अलर्ट जारी कइल गइल रहे।

दिल्ली-एनसीआर में बदलल मौसम

मालूम होखे कि दिल्ली-एनसीआर में मौसम एक बेर फेर करवट ले लेलस। दिल्ली सहित आस-पास के इलाकन में अतवार के तेज हवा के संगे बरखा सुरू भइल, जवना के कारण तापमान में गिरावट दर्ज कइल गइल। मौसम विभाग के मोताबिक, अगिला पांच दिन तक आसमान में बदरी छाइल रही। एह दौरान दिल्ली-एनसीआर के कुछ इलाकन में हलुका बरखा होखे के संभावना बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]