[the_ad_group id="30365"]

1 May से समूचा देसभर में बदल जाई मोबाइल नंबर के सिस्टम, TRAI के नया आदेस भइल लागू, 12 अंक के नंबर से आई कॉल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

1 मई से कइयन गो बदलाव होखे जा रहल जेमे गैस सिलेंडर आमतौर पs अपना दामन में बदलाव के वजह से चरचा में रहेला। बाकिर अबकी बेर 1 मई से अउरियो नया बदलाव होई जवन रोज-रोज के जिनगी पs गहिराह असर डाली। भारतीय दूरसंचार नियामक प्राधिकरण जवना के ट्राई कहल जाला ऊ मोबाइल के इस्तेमाल के ऊपर नया नियम लागू करी।

1 मई से फर्जी कॉल आ मैसेज हो जाई बंद

हर महीना के 1 तारीख के होखे वाला बदलाव में अबकी बेर सबसे खास ट्राई के ई नियम बदलाव बा जवन सीधा आम लोगन पs असर करी। नया नीति के तहत सब टेलीकॉम ऑपरेटर के स्थापित करे आ ओकर संचालन करे खातिर 1 मई के तारीख दिहल गइल बा।

टेलीकॉम ऑपरेटर के तरफ से लागू कइल गइल नया स्पैम फिल्टर के वजह से लोगन के फर्जी कॉल आ संदेश से बचावे में मदद सुरू हो जाई।

10 अंकन के मोबाइल नंबर होई खतम

अब मार्केटिंग के उद्देश्य खातिर इस्तेमाल होखे वाला 10 अंकन के मोबाइल नंबर अब आउर इस्तेमाल ना हो सकी एकरा खातिर ट्राई के दिशा निरदेस के मोताबिक 12 अंकन के मोबाइल नंबर टेलीकॉम ऑपरेटरन के जारी करे के होई जवना से आम ग्राहक मार्केटिंग कॉल आसानी से समझ सके लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]