[the_ad_group id="30365"]

ईरान के जानल-मानल अभिनेत्री हिजाब उतार के इंस्टा पर कइली पोस्ट, अगिले दिन पुलिस कs लिहलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ईरान के पुलिस इहां के जानल मानल अभिनेत्री हेंगामेह गजियानी के गिरफ्तार कs लिहले बा। 52 वर्षीय फिल्म अभिनेत्री पs आरोप बा कि ऊ हिजाब के हटावत एगो वीडियो बनवली अउर उनके इंस्टाग्राम पर पोस्ट कs दिहलस। मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक, अभिनेत्री देश में जारी विरोध प्रदर्शन के समर्थन में अइसन कइलस। उहवें वीडियो वायरल होखले के बाद अभिनेत्री के गिरफ्तार कs लिहल गइल।

जानीं का बा मामला?

शनिचर देर रात एक्ट्रेस पोस्ट में लिखली कि ‘एह क्षण से, हमरे संगे जौन कुछ भी होला, ओकरे खातिर ईरान के सरकार जिम्मेदार ह, जान लेईं कि हमेशा के तरह, हम अपने आखिरी सांस ले ईरानी लोग के संगे बानीं।’ वीडियो में साफ दिखाई दे रहल बा कि गजियानी बिना हिजाब के एगो पब्लिक प्लेस पर खड़ा बा अउर फिर अपने बाल के बांधत दिखाई देतड़ी। उहवें पिछले हफ्ते भी गजियानी एगो पोस्ट कइले रहे जेमें ऊ लिखले रहली कि ईरानी सरकार बाल-हत्यारा बा जेमें 50 से अधिक बचवन के हत्या कइले बा।

गजियानी के साथ अउर भी कई प्रदर्शनकारियन के कइल गइल तलब

न्यायपालिका के मिजान ऑनलाइन समाचार वेबसाइट के अनुसार, गजियानी ओ आठ लोग में शामिल बाड़ी, जिनके सोशल मीडिया पर पोस्ट कइल गइल “भड़काऊ” सामग्री के ले के तलब कइल गइल बा।

एहमें तेहरान फुटबॉल टीम पर्सेपोलिस एफसी के कोच याह्या गोलमोहम्मदी भी शामिल रहनें, जौन अधिकारियन के कान ले उत्पीड़न सह रहल लोग के आवाज नाइ लावे खातिर ईरान के राष्ट्रीय दस्ता के खिलाड़ियन के कड़ा आलोचना कइले रहने।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]