Jammu Kashmir: अनंतनाग मुठभेड़ में लश्कर के आतंकवादी ढ़ेर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 20, 2022

श्रीनगर: केन्द्र शासित प्रदेश जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग जिला में अतवार के सुरक्षा बलन के संगे मुठभेड़ में आतंकवादी संगठन लश्कर-ए-तैयबा के एगो ‘हाइब्रिड’ आतंकवादी मारल गइल। पुलिस आज बतावल कि दक्षिण कश्मीर में बिजबेहरा के

Share

श्रीनगर: केन्द्र शासित प्रदेश जम्मू-कश्मीर के अनंतनाग जिला में अतवार के सुरक्षा बलन के संगे मुठभेड़ में आतंकवादी संगठन लश्कर-ए-तैयबा के एगो ‘हाइब्रिड’ आतंकवादी मारल गइल।

पुलिस आज बतावल कि दक्षिण कश्मीर में बिजबेहरा के चेकी दूदू इलाके में आतंकवादियन के मवजूदगी के सूचना के बाद घेराबंदी आ तलाशी अभियान के दौरान मुठभेड़ सुरू भइल बा।पुलिस ट्वीट कs के बतवलस, ” जब सुरक्षाबल तलाशी अभियान के दौरान संदिग्ध स्थान कावर बढ़त रहे लो तबे उहां छिपल आतंकवादियन द्धारा गोलीबारी सुरू हो गइल।

एह दौरान सूरक्षाबलन के साथे गइल लश्कर के हाइब्रिड आतंकवादी सज्जाद तांत्रे के गोली लागल। ओकरा के एसडीएच बिजबेहरा ले जाइल गया जहां चिकित्सक ओकरा के मृत घोषित कs दिहल लो। बतावल गइल कि जांच के दौरान सज्जाद बतवलस कि ऊ पहिले लश्कर के आतंकवादी सहजोगी रहे आ ओकरा के सार्वजनिक सुरक्षा अधिनियम (पीएसए) के तहत रिहा कइल गइल रहे।

ऊ 13 नवंबर 2022 के अनंतनाग के राखमोमेन, बिजबेहरा में दु बाहरी मजदूरन प हमला कइले रहे। एह हमला में दु गो मजदूर घायल हो गइल रहलें। बाद में गंभीर रूप से घायल मजदूर छोटा प्रसाद के 18 नवंबर के अस्पताल में मौत हो गइल।

पुलिस के ओकरा लगे से पिस्ताैल आ वारदात में इस्तेमाल वाहन बरामद भइल रहे। पुलिस कहलस कि एह मॉड्यूल के आउर सदस्यन के गिरफ्तार करे खातिर के गहनता से जांच कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.