Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस: ‘नारी शक्ति पुरस्कार’ से सम्मानित महिला लोग से मिलने PM मोदी

पुरस्कृत कइले के भइल घोषणा

98
सीवान इन्शुरेंस 720 90

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी (PM Narendra Modi) अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के पूर्व संध्या पs सोमवार के ‘नारी शक्ति पुरस्कार’ से सम्मानित महिला लोग से मुलाकात कइनें| राष्ट्रपति रामनाथ कोविंद आठ मार्च के अंतरराष्ट्रीय महिला दिवस के अवसर पर, 29 महिला लोग के महिला सशक्तिकरण के दिसा में उनके योगदान खातिर 28 पुरस्कार प्रदान करिहें| वर्ष 2020 अउर 2021 खातिर 14-14 पुरस्कार देहल जा रहल बा|

ई पुरस्कार पावे आलन में मर्चेंट नेवी के कप्तान राधिका मेनन, सामाजिक उद्यमी अनीता गुप्ता, आर्गेनिक खेती करे आली आदिवासी कार्यकर्ता उषाबेन दिनेशभाई वसावा, नवाचार खातिर विख्यात नासिरा अख्तर, इंटेल इंडिया की प्रमुख निवृति राय, ‘डाउन सिंड्रोम’ से पीड़ित कथक नृत्यांगना सायली नन्दकिशोर अगवाने, सांपन के बचाए आली पहली महिला वनिता जगदेव बोराडे अउर गणितज्ञ नीना गुप्ता शामिल बाड़ी|

225820cookie-checkअंतरराष्ट्रीय महिला दिवस: ‘नारी शक्ति पुरस्कार’ से सम्मानित महिला लोग से मिलने PM मोदी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.