[the_ad_group id="30365"]

इंडोनेशिया के मंत्री मोहम्मद महफूद कइलें पीएम मोदी से मुलाकात, इंडोनेशियाई प्रतिनिधिमंडल आजु जाई आगरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडोनेशिया के मंत्री मोहम्मद महफूद मंगर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइलें। ई बइठक मंगर के इंडिया इस्लामिक कल्चरल सेंटर में भइल। राजनीतिक, कानूनी अउर सुरक्षा मामिला के समन्वय मंत्री महफूद राष्ट्रीय सुरक्षा सलाहकार अजीत डोभाल के निमंत्रण पर भारत के तीन दिवसीय यात्रा पर बानें।

इंडोनेशियाई मंत्री के संगे 24 सदस्यीय शिष्टमंडलो आइल बा, जेमें उलेमा के अलावा अन्य धार्मिक नेता भी शामिल बानें। इंडिया इस्लामिक कल्चरल सेंटर में इंडोनेशिया से आइल शिष्टमंडल इहाँ भारतीय समकक्षन के संगे अलगे-अलगे विषय पर चर्चा कइलें। महफूद दिन में विदेश मंत्री एस जयशंकर से मुलाकात कइलें। विदेश मंत्रालय एगो बयान में कहलस कि इंडोनेशियाई प्रतिनिधिमंडल बुध के उत्तर प्रदेश में आगरा के यात्रा करी

महफुद मार्च में जकार्ता में डोभाल के संगे एक बैठक के दौरान इंडोनेशिया के उलेमा अउर अन्य धर्म के नेता लोग के एगो प्रतिनिधिमंडल भारत लवले के इच्छा जतवले रहनें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]