[the_ad_group id="30365"]

Indian Railways : वैष्णो देवी आ हरिद्वार जाए वालन के मिलल बड़ तोहफा! भारतीय रेलवे से यात्रा पs रहल, खाइल कुल फ्री

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

वैष्णो देवी आ हरिद्वार जाए वाला लोग खातिर भारतीय रेलवे से खुशखबरी आइल बा। भारतीय रेलवे से यात्रा करे वाला लोग से अब आवास आ खाना खातिर अतिरिक्त शुल्क ना लिहल जाई।

हँ, भारतीय रेलवे द्वारा वैष्णो देवी आ हरिद्वार खातिर स्पेशल ट्रेन चलावल जा रहल बा, जवना में यात्रियन के ठहरल, खाए के अलावा अउरी कई गो सुविधा दिहल जा रहल बा। एकरा खातिर रउरा कवनो अलग से पइसा ना देबे के पड़ी।

असल में रेलवे धार्मिक यात्रा करेवाला यात्री खातीर अलग-अलग समय पs कुछ खास पैकेज लेके आवेले। बताईं कि अबकी बेर रेलवे पैकेज में कवन सुविधा आ ऑफर बा।

भारतीय रेलवे वैष्णो देवी आ हरिद्वार के सफर खातिर वैष्णोदेवी हरिद्वार भारत गौरव स्पेशल ट्रेन चला रहल बा। आईआरसीटीसी ट्वीट क के इ जानकारी देले बिया।

रेलवे बतवले बा कि 7 रात 8 दिन के सफर 25 जून 2023 से 2 जुलाई 2023 तक चली। ई स्पेशल ट्रेन कोलकाता से पहिले वैष्णो देवी आ ओकरा बाद हरिद्वार आ फेर वापस कोलकाता चलीबा।

एह विशेष ट्रेन के किराया के बात कईल जाए त इकोनॉमी क्लास के किराया ₹ 13,680 प्रति व्यक्ति होई। इहे किराया स्टैंडर्ड क्लास में ₹ 21,890 प्रति व्यक्ति आ कम्फर्ट क्लास में ₹ 23,990 बा।

आईं जानल जाव कि कवना क्लास में कवन-कवन सुविधा उपलब्ध होई। इकोनॉमी क्लास में यात्रा करे वाला के स्लीपर कोच में यात्रा करे के होई। ओकरा बाद नॉन एसी होटल में रहे खातिर जवना में मल्टी शेयरिंग रूम के सुविधा होई। एकही इकोनॉमी अवुरी कम्फर्ट क्लास में यात्रा करेवाला यात्री के तीसरा एसी में यात्रा करे के सुविधा मिली।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]