[the_ad_group id="30365"]

Earthquake in Delhi NCR: दिल्ली-एनसीआर समेत उत्तर भारत के कइयन राज्यन में भूकंप के झटका, जम्मू-कश्मीर रहे केंद्र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Earthquake in Delhi NCR: दिल्ली-एनसीआर में मंगर के दुपहरिया में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। झटका महसूस होखते लोगन में हड़कंप मच गइल। हालांकि ई झटका बहुत तेज ना रहे जवना के चलते कइयन लोगन के कर एहसास तक ना भइल।

जानकारी मिल रहल बा कि उत्तर-भारत के कइयन इलाकन जइसे पंजाब, जम्मू-कश्मीर, हरियाणा आदि के कइयन इलाकन में भूकंप के झटका महसूस कइल गइल।

न्यूज एजेंसी एएनआई के अनुसार भूकंप के तीव्रता रिक्टर स्केल पs 5.7 मापल गइल बा। ओहिजा एकर केंद्र जम्मू-कश्मीर के किश्तवाड़ से 30 किलोमीटर दूर बा।

श्रीनगर के स्थानीय नागरिक बतवलें बहुत डरावना रहे ई 

श्रीनगर के एगो स्थानीय नागरिक के कहनाम बा कि भूकंप अइला पs स्कूली लईका डेरा गइल रहलें सs। दुकान में जे लोग रहे उहो डेरा के बाहर आ गइल। ई बहुत डरावना रहे। ई भूकंप पिछलो हफ्ते से जादे तेज रहे। भूकंप दुपहरिया करीब 1.33 बजे आइल रहे।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]