- बिहार: जीतनराम मांझी के बेटा डॉ० संतोष सुमन के बिहार मंत्रीमंडल से इस्तीफा… नीतीश कैबिनेट में दु गो मंत्री बनी लो; विपक्षी दलन के मीटिंग से 10 दिन पहिले HAM के बगावत, NDA में जाये के चरचा।
- बिहार: गंगा में लईका के खींच के खाये लागल मगरमच्छ; लोग जाल फेंक के बाहर निकललस, लोग लईका के मौत पs पीट-पीटके ओकरा मार डललस।
- उत्तर प्रदेश: आगरा में कुत्तन के नोचला से 5 साल के बच्ची के मौत; 8 साल के बहिनो पs अटैक कइले सs, हालात गंभीर, पूरा देह पs घावे-घाव।
- उत्तर प्रदेश: गैंगस्टर ममिला में मुख्तार अंसारी पs फैसला टलल; अब 15 जुलाई के होई सुनवाई, 14 साल पुरान ममिला में होखे के रहे सुनवाई।
- झारखंड: झारखंड हाइकोर्ट में जेटेट (झारखंड शिक्षक पात्रता) याचिका के भइल सुनवाई; कोर्ट पूछलस- सात साल से काहे लंबित बा परीक्षा, सरकार एक हफ्ता में दायर करे शपथ पत्र।
- सोना आ सेंसेक्स एक जइसन रिटर्न दे रहल बा: 17 साल में दुनो के रिटर्न 600% रहल, एक लाख के निवेश 6 लाख भइल।
- बिपरजॉय से पहिले गुजरात-मुंबई के तटीय इलाकन में आंधी-बरखा: मुंबई-भुज-राजकोट में 7 के मौत, गुजरात के 7 जिलन से 21 हजार लोगन के निकालल गइल।
- बंगाल के पंचायत चुनाव से पहिले हिंसा: कोलकाता हाइकोर्ट कहलस- संवेदनशील जगहन पs सेंट्रल फोर्स लगावल जाव, बाकी जगह पुलिस तैनात होखे। भाजपा आ कांग्रेस लगवले रहे याचिका।
- US मिलिट्री में सैनिकन के भारी कमी: 2022 में 25% कम रिक्रूटमेंट भइल, एयरफोर्स आ नेवियो एही वजह से परेसान।
- गांगुली बोललें- टेस्ट कप्तानी छोड़े के फैसला विराट के रहे: तब रोहित बेस्ट ऑप्शन रहस, WTC हार पs कहलें- टीम में लड़े के जज्बा ना दिखल। कहलें- डिफेंसिव अप्रोच के कारण आईसीसी टर्नामेंट हार रहल बा भारत।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jun 13, 2023
बिहार: जीतनराम मांझी के बेटा डॉ० संतोष सुमन के बिहार मंत्रीमंडल से इस्तीफा… नीतीश कैबिनेट में दु गो मंत्री बनी लो; विपक्षी दलन के मीटिंग से 10 दिन पहिले HAM के बगावत, NDA में जाये
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






