[the_ad_group id="30365"]

Sultan Johor Cup: भारतीय जूनियर पुरुष हॉकी टीम लगवलस जीत के हैट्रिक, मेजबान मलेशिया के हरवलस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

तीन बार के चैंपियन भारत सुल्तान जोहोर कप जूनियर पुरुष हॉकी टूर्नामेंट में मेजबान मलयेशिया के 4-2 से हराके आपन अजेय क्रम जारी रखलस। भारत के ई लगातार तीसरका जीत बा। भारत नव अंकन के संगे तालिका में शीर्ष स्थान पs बा, जबकि न्यूजीलैंड पांच अंकन के संगे दूसरका आ ऑस्ट्रेलिया चार अंकन के संगे तीसरका स्थान पs।

भारत खातिर शारदा नंद तिवारी (11वां), अर्शदीप सिंह (13वां), तालेम प्रियाव्रत (39वां) आ रोहित (40वां मिनट) में गोल कइल लो, जबकि मलयेशिया खातिर मुहम्मद दानिश ऐमन (8वां मिनट) आ हैरिस उस्मान (9वां मिनट) गोल कइल लो। मलयेशिया एह मुकाबला में जोरदार सुरुआत कs के भारत के बैकफुट पs धकेल देले रहे। घरेलू टीम कप्तान मुहम्मद अदी जाजमी जमलुस के बनावल मवका पs मुहम्मद दानिश ऐमन के मैदानी गोल से बढ़त हासिल कs लेलस। उस्मान हैरिस के पेनल्टी कॉर्नर पs कइल गइल गोल से टीम एक मिनट बाद अपन बढ़त दोगुना कs लेलस।

भारत के अग्रिम पंक्ति हालांकि आक्रामक खेल जारी रखत दबाव के हावी ना होखे देलस। सानदार लय में चल रहल ड्रैग फ्लिकर शारदा नंद सिंह 11वां मिनट में पेनल्टी कॉर्नर के गोल में बदलके मुकाबला में भारत के वापसी करवलें। एकरा दु मिनट के बाद मनमीत सिंह के मदद से अर्शदीप मैदानी गोल कs के स्कोर के बराबर कs देलस। मैच के सुरुआती क्वार्टर में चार गोल भइल, बाकिर दूसरका क्वार्टर गोलरहित रहल।

हॉफ टाइम के बाद तीसरका क्वार्टर के खेल में दुनो टीम बढ़त लेवे खातिर पूरा जोर आजमाइश कइलस बाकिर सफलता भारत के मिलल। प्रियव्रत सर्कल के किनारे से गोल कs के मैच के 39वां मिनट में भारत 3-2 के बढ़त दिला देलस। एकरा बाद रोहित बेहतरीन पेनाल्टी कॉर्नर स्ट्राइक से भारत के बढ़त के दोगुना कs देलस। मलयेशिया चउथा क्वार्टर के सुरुआत में पेनल्टी कॉर्नर हासिल कइलस बाकिर टीम एकरा के गोल में बदले में विफल रहल। एकरा बाद दुनो टीम गोल करे के मवका के भुनावे में नाकाम रहल आ भारत 4-2 से जीत दर्ज कइलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]