[the_ad_group id="30365"]

बिहार के एह मैदान पऽ होई अंतर्राष्ट्रीय महिला हॉकी चैंपियनशिप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्राचीन मगध साम्राज्य के ऐतिहासिक शहर राजगीर एह नवम्बर में एशियाई महिला हॉकी के इतिहास में एगो नया अध्याय लिखे के तइयारी में लागल बा। बता दीं कि 11 से 20 नवंबर ले एहिजा होखे वाला अंतर्राष्ट्रीय महिला हॉकी चैम्पियनशिप में एशिया के छह गो बड़हन टीम भाग ली। जवना में भारत, चीन, जापान, मलेशिया, थाईलैंड आ दक्षिण कोरिया शामिल बा।

बिहार राज्य खेल प्राधिकरण एह प्रतियोगिता के सब मैच देखे खातिर मुफ्त में प्रवेश के एलान कइले बा। अंतर्राष्ट्रीय खेल परिसर के हॉकी मैदान में करीब तीन हजार दर्शकन के बइठे के व्यवस्था बा। रोज तीन गो मैच के आयोजन कइल जाई जवना के लाइव प्रसारण कइल जाई।

खिलाड़ी पांच सितारा होटल में रुकीहें

खिलाड़ियन के बोधगया के पांच सितारा होटल में ठहरे के इंतजाम हो गइल बा। शहर के सौंदर्यीकरण खातिर एगो विशेष अभियान चलावल जा रहल बा। एगो विशेष योजना चला के यातायात प्रणाली के मजबूत कइल जाता।

एह आयोजन के लेके बिहार के युवा लोग में भारी उत्साह बा।

प्रतियोगिता के दौरान शहर के यातायात प्रणाली के पूरा तरीका से सुचारू रूप से राखल जाई जिला प्रशासन के अधिकारी बतवले। राष्ट्रीय राजमार्ग-82 से अवैध अतिक्रमण हटा दिहल गइल बा, जवना के चलते सड़क के सुंदरता बढ़ गइल बा। इ आयोजन ना खाली बिहार के खेल इतिहास में मील के पत्थर साबित होई। बलुक एकरा से राजगीर के अंतरराष्ट्रीय खेल के नक्शा में डालल जा रहल बा। एह आयोजन के लेके बिहार के युवा लोग में भारी उत्साह बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]