[the_ad_group id="30365"]

अरुणाचल में भारतीय सैनिक तूड़लें चीनी सैनिकन के हड्डी:600 चीनी सैनिकन के खदेड़स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरुणाचल प्रदेश में लाइन ऑफ एक्चुअल कंट्रोल (LAC) पर भारत अउर चीन के सैनिकन के बीच खूनी झड़प भइल बा। एहमें भारत के 6 जवान घाही भइल बानें जबकि चीन के सैनिकन के जेयादा नुकसान पहुंचल बा। रिपोर्ट्स के हवाले से चीन के कई सैनिकन के हड्डी टूट गइल बा। घायल भारतीय जवानन के गुवाहाटी के अस्पताल में भर्ती करावल गइल बा। झड़प के एह खबर के बीच चीन बयान जारी कइले बा कि भारत बॉर्डर पर हालात स्थिर बा।

4 दिन पहिले 600 चीनी सैनिक तवांग में घुससपैठ करे के कइलें रहनें कोशिश

9 दिसंबर के 600 चीनी सैनिक तवांग के यांग्स्ते में 17 हजार फीट के ऊंचाई पर भारतीय पोस्ट के हटावे खातिर घुसपैठ के कोशिश कइले रहनें सब। ऊ कंटीले लाठी डंटा अउर इलेक्ट्रिक बैटन से लैस रहनें सब। भारतीय सेनो एह बेर हर तरह से तैयार बैठल रहे। हमनी के सेना भी कंटीले लाठी-डंटा से उन के जवाब दिहलस। एहमें दर्जनों चीनी सैनिकन के हड्डी टूटल बा।

भारत के जवाबी हमला के बाद फ्लैग मीटिंग भइल अउर मसला शांत भइल। विवाद वाली जगह से फिलहाल दूनों देश के सेना हट गइल बा। एहसे पहिले 1975 में तवांग में विवाद भइल रहे, तब भारत के 4 सैनिक शहीद भइल रहनें। एह क्षेत्र में दूनों सेना कुछ हिस्सा पर आपन-आपन दावा ठोंकत आइल बा। 2006 से ई विवाद जारी बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]