[the_ad_group id="30365"]

Team India Victory Parade : प्रधानमंत्री आवास से निकलल भारतीय टीम, दिल्ली एयरपोर्ट खातिर भइल रवाना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय टीम टी20 वर्ल्ड कप 2024 के खिताब जीतके आज माने चार जुलाई के बारबाडोस से दिल्ली पहुंच चुकल बिया। सबेरे छव बजके 10 मिनट पs दिल्ली के आईजीआई एयरपोर्ट पs टीम इंडिया के लैंड होखला के बाद होटल आईटीसी मौर्या में रुकल। ओकरा कुछ देर भारतीय खिलाड़ी आ  सपोर्ट स्टाफ प्रधानमंत्री पीएम मोदी से 11 बजे मुलाकात करे गइल। पीएम से मुलाकात के बाद टीम इंडिया प्रधानमंत्री आवास से निकल गइल बिया। अब ऊ बंबई जाई, जहां वानखेड़े में सम्मान आ मरीन ड्राइव पs ओपन बस परेड होई।

टीम इंडिया टी20 विश्व कप 2024 में बहुते सानदार प्रदर्शन कइलस। फाइनल मैच में भारत साउथ अफ्रीका के 7 रन से मात देलस आ 17 साल बाद टी20 विश्व कप के खिताब अपना नामे कइलस। चैंपियन बनला के बाद बारबाडोस में आइल चक्रवात के वजह से टीम उहवें फंस गइल आ फेर बीसीसीआई सचिव जय शाह स्पेशल चार्टर फ्लाइट के जरिए टीम इंडिया के दिल्ली खातिर रवाना कइलें।

चैंपियन बनला के बाद दिल्ली पहुंचल भारतीय टीम के आज सबेरे एयरपोर्ट पs जोर-शोर के संगे स्वागत कइल गइल। फैंस टीम इंडिया के प्लेयर्स आ ट्रॉफी के एक झलक पावे खातिर बेताब नजर आइल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]