[the_ad_group id="30365"]

IND vs ZIM: जिम्बाब्वे दौरे के लिए रवाना भइल टीम इंडिया, नया अंदाज में दिखलें अभिषेक-जुरेल आ ऋतु, लक्ष्मण बाड़ें टीम के संगे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिम्बाब्वे के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर भारतीय टीम मंगर के तड़के भारत से रवाना हो गइल। पांच मैचन के सीरीज के पहिला मैच छव जुलाई के हरारे स्पोर्ट्स क्लब में खेलल जाई। आखिरी टी20 अंतरराष्ट्रीय मैच 14 जुलाई के एही मैदान पs खेलल जाई। सब पांच मुकाबला इहवें खेलल जाये के बा।

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) एक्स पs जिम्बाब्वे खातिर रवाना होखे वाला खिलाड़ियन के तस्वीरन के साझा कइलस। एमे अभिषेक शर्मा, मुकेश कुमार, ऋतुराज गायकवाड़, आवेश खान, रियान पराग सामिल बा लो। एह दौरा खातिर भारत के कोच पूर्व क्रिकेटर आ राष्ट्रीय क्रिकेट अकादमी (एनसीए) के प्रमुख वीवीएस लक्ष्मण होइहें। उहो टीम इंडिया के संगे लउकले। बीसीसीआई तस्वीरन साझा करत लिखलस- जेट सेट जिम्बाब्वे।

सलामी बल्लेबाज शुभमन गिल के दौरा खातिर कप्तान बनावल गइल बा। टीम में टी20 विश्व कप खातिर मुख्य टीम के खाली तीन खिलाड़ी सामिल बा लो- यशस्वी जायसवाल, शिवम दुबे आ संजू सैमसन। टी20 विश्व कप के हिस्सा बने वाला बाकी खिलाड़ियन के आराम दिहल गइल बा। रिंकू सिंह, आवेश खान आ खलील अहमद जइसन विश्व कप के रिजर्व खिलाड़ियन के टीम में सामिल कइल गइल बा।

पिछिला 12 महीनन में आईपीएल आ घरेलू क्रिकेट में खुद के साबित करे वाला होनहार जुवा खिलाड़ियन के भारतीय टीम में सामिल कइल गइल बा। जिम्बाब्वे क्रिकेट सोमार के टी20 विश्व कप 2024 चैंपियन भारत के खिलाफ आपन आवे वाला सीरीज खातिर टीम के घोषणा कs देलस।

पांच मैचन के टी20 सीरीज में जिम्बाब्वे भारत के सामना करे खातिर एगो जुवा टीम के चयन कइले बा। बेल्जियम में जनमल एंटम नकवी के टीम में सामिल कइल गइल बा। बाकिर उनकर जुड़ल उनकर नागरिकता के इस्थिति के पुष्टि के अधीन बा।

घरेलू सर्किट में एंटम नकवी टी20 में 146.80 के प्रभावशाली स्ट्राइक रेट से बल्लेबाजी के रिकॉर्ड बा। प्रथम श्रेणी क्रिकेट में उनकर 72.00 के प्रभावशाली औसत बा आ लिस्ट-ए क्रिकेट में उनकर असाधारण औसत 73.42 बा, जवन अंतरराष्ट्रीय स्तर पs डेग रखे से पहिले उनकर क्षमता के दरसावत बा। हाले में भइल टी20 विश्व कप 2024 खातिर क्वालिफाई करे में विफल रहला के बाद, जिम्बाब्वे नया मुख्य कोच जस्टिन सैमन्स के लगे टीम के फेर से बनावे के जिम्मेदारी होई। जिम्बाब्वे 27 के औसत उमिर के संगे एगो जुवा टीम चुनले बिया। सिकंदर रजा 38 साल के उमिर के संगे टीम के अगुआई कइल जारी रखिहें। ऊ 86 मैचन के संगे जिम्बाब्वे के सबसे अनुभवी खिलाड़ी बाड़ें। एकरा बाद 29 साल के जोंगवे बाड़ें, ऊ 63 मैच खेलले बा।

जिम्बाब्वे दौरा खातिर भारतीय टीम: शुभमन गिल (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, ऋतुराज गायकवाड़, अभिषेक शर्मा, रिंकू सिंह, संजू सैमसन (विकेटकीपर), ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), शिवम दुबे, रियान पराग, वॉशिंगटन सुंदर, रवि बिश्नोई, अवेश खान, खलील अहमद, मुकेश कुमार आ तुषार देशपांडे।

भारत के खिलाफ टी20 सीरीज खातिर  जिम्बाब्वे टीम: सिकंदर रजा (कप्तान), अकरम फराज, बेनेट ब्रायन, कैंपबेल जॉनथन, चतारा तेंदाई, जोंगवे ल्यूक, काया इनोसेंट, मैडांडे क्लाइव, मधेवेरे वेस्ली, मारुमानी तादिवानाशे, मसाकाद्जा वेलिंगटन, मावुता ब्रैंडन, मुजरबानी ब्लेसिंग, मायर्स डियोन, नकवी एंटम, नगारवा रिचर्ड आ शुम्बा मिल्टन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]