Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

भारत बनाम न्यूजीलैंड: न्यूजीलैंड पहिले वनडे में भारत के सात विकेट से हरवलस, तीन मैच के सीरीज में 1-0 के बढ़त बनवलें

805

भारत अउर न्यूजीलैंड के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज के पहिले मुकाबले में कीवी टीम भारत के सात विकेट से हरा दिहलस। टॉस हार के पहिले बल्लेबाजी करत भारत न्यूजीलैंड के सोझे 307 रन के लक्ष्य रखा। इसके जवाब में कीवी टीम ने केन विलियम्सन और टॉम लाथम के बीच 221 रन के साझेदारी के चलत सात विकेट रहत लक्ष्य हासिल कर लिहनें। एह जीत के सथही न्यूजीलैंड तीन मैच के सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लिहनें।

न्यूजीलैंड भारत के सात विकेट से हरवलस

न्यूजीलैंड भारत को सात विकेट से हरा के तीन मैच के सीरीज में 1-0 की बढ़त बना लिहले बानें। भारत पहिले बल्लेबाजी करत न्यूजीलैंड के सोझे 307 रन के लक्ष्य रखले रहल।

एकरे जवाब में कीवी टीम 47.1 ओवर में तीन विकेट खो के 309 रन बनवलें अउर आसानी से लक्ष्य हासिल कs लिहलें। न्यूजीलैंड खातिर केन विलियम्सन अउर टॉम लाथन शानदार बल्लेबाजी कइलें। दूनों 221 रन के रिकॉर्ड साझेदारी कs के अपने टीम के जीत दियवलें।

भारत पहिले बल्लेबाजी करत श्रेयस अय्यर, शिखर धवन अउर शुभमन गिल के अर्धशतक के चलते सात विकेट पs 306 रन बनवले बानें। न्यूजीलैंड खातिर टिम साउदी अउर लॉकी फर्ग्यूसन तीन-तीन विकेट लिहले रहनें।

भारत खातिर सबसे ज्यादा दू विकेट उमरान मलिक लिहलें। हालांकि, एह मैच में सब भारतीय गेंदबाज काफी महंग साबित भइल। सुंदर जरूर कंजूसी से रन दिहलें, लेकिन ऊ कौनो विकेट नाइ ले पवलें।

391670cookie-checkभारत बनाम न्यूजीलैंड: न्यूजीलैंड पहिले वनडे में भारत के सात विकेट से हरवलस, तीन मैच के सीरीज में 1-0 के बढ़त बनवलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.