Ruturaj Gaikwad Record: ऋतुराज गायकवाड़ रचलें इतिहास, एके ओवर में जड़ देलें 7 गो छक्का 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 28, 2022

Ruturaj Gaikwad Create History: महाराष्ट्र के सलामी बल्लेबाज ऋतुराज गायकवाड़ विजय हजारे ट्रॉफी में बड़ कारनाम कs देलें बाड़ें। एह प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में गायकवाड़ एक ओवर में 7 गो छक्का जड़

Share

Ruturaj Gaikwad Create History: महाराष्ट्र के सलामी बल्लेबाज ऋतुराज गायकवाड़ विजय हजारे ट्रॉफी में बड़ कारनाम कs देलें बाड़ें। एह प्रतिष्ठित टूर्नामेंट के क्वार्टर फाइनल मुकाबला में गायकवाड़ एक ओवर में 7 गो छक्का जड़ देलें। ऊ अइसन करे वाला दुनिया के पहिला बल्लेबाज बन गइल बाड़े। ऊ ई कारनामा मैच के 49वां ओवर में कइ लें। अपना एह सात सानदार छक्कन के मदद से गायकवाड़ एह मुकाबला में डबल सेंचुरी ठोक डललें।

उत्तर प्रदेश के खिलाफ बनवलें रिकॉर्ड 

उत्तर प्रदेश के खिलाफ महाराष्ट्र के ओपनर बल्लेबाज गायकवाड़ मैच के 49वां ओवर में छक्कन के बरखा कs देलें। ऊ एह ओवर में उत्तर प्रदेश के गेंदबाज सिवा सिंह के ओवर के 6 गेंदन पs 7 छक्का जड़ देलें। एह 7 छक्कन के मदद से ऊ यूपी के खिलाफ दोहरा शतको ठोक देलें। ऊ एह मुकाबला में 159 गेना में 220 रन के पारी खेललें। एह दौरान ऊ 10 चौका आ 16 छक्का जड़लें।

1 ओवर में जड़लें 43 रन

यूपी के खिलाफ लगातार सात छक्का जड़ देलें। गायकवाड़ बड़ वर्ल्ड रिकॉर्ड के बराबरी कs लेलें। ऊ एह ओवर में 43 रन बनवलें। यूपी के खिलाफ अपना पारी में ऊ लिस्ट ए इतिहास के सबसे ज्यादा रन के ओवर के बराबरी कs लेले बाड़ें। गायकवाड़ के पहिले ब्रेट हैम्पटन आ जो कार्टर साल 2018 में एगो ओवर में 43 रन के पारी खेलले रहे लो।

यूपी के खिलाफ ठोकलें डबल सेंचुरी

ऋतुराज गायकवाड़ उत्तर प्रदेश के खिलाफ विजय हजारे ट्रॉफी के क्वार्टर फाइनल में दोहरा शतक जड़लें। एह मैच में ऊ 159 गेना में 220 रनन के तूफानी पारी खेललें। अपना एह पारी में ऊ 10 चौका और 16 छक्का जड़लें। ऊ एह मैच में बहुते खास तरीका से आपन दोहरा शतक पूरा कइलें। दरअसल, ऊ 49वां ओवर में लगातार 7 छक्का जड़ के आपन दोहरा शतक पूरा कइलें। ओहिजा ऊ रोहित शर्मा, एन जगदीशन के बाद एगो इनिंग में 16 छक्का जड़े वाला तीसरका खिलाड़ी बन गइल बाड़े।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.