[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG Live Streaming : 4-1 से सीरीज जीते खातिर आखिरी टेस्ट में उतरी भारत, जानीं कब-कहां देखल जा सकी मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ इंग्लैंड के बीच बियफे से पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के आखिरी मुकाबला खेलल जाई। एह सीरीज में टीम इंडिया 3-1 के अजेय बढ़त बना लेले बिया। अब रोहित शर्मा एंड कंपनी के नजर धर्मशाला में होखे जा रहल मुकाबला पs बा। पांचवां टेस्ट से पहिले इंग्लैंड प्लेइंग 11 के घोषणा कs देले बा। तेज गेंदबाज ओली रॉबिन्सन के जगह तूफानी गेंदबाज मार्क वुड के वापसी भइल बा। ओहिजा, भारतीय टीम खातिर देवदत्त पडिक्कल डेब्यू कs सकत बाड़ें।

धर्मशाला में खाली एक टेस्ट खेलल गइल 

इंग्लैंड के स्लो टर्निंग विकेट के वजह से एक बेर फेर मुश्किलन के सामना करे के पड़ सकत बा। धर्मशाला में अब तक एके टेस्ट मैच खेलल गइल बा। साल 2017 में भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच खेलल गइल एह मुकाबला में जीत टीम इंडिया के हाथे लागल रहे। एह मैदान पs पहिला पारी में एवरेज स्कोर 300 के रहल बा, जबकि दूसरका पारी में औसतन स्कोर 332 रन के रहल बा। तीसरका पारी में औसतन स्कोर 137 के बा, तs चउथा पारी में औसतन स्कोर 106 के बा।

हमनी के भारत बनाम इंग्लैंड के बीच पांचवां टेस्ट मैच के लाइव टेलीकास्ट से जुड़ल सारा जानकारी रउआ के इहां दे रहल बानी सs:

भारत बनाम इंग्लैंड पांचवां टेस्ट मैच कब खेलल जाई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच टेस्ट मैच के सीरीज के आखिरी मुकाबला बियफे (सात मार्च) से खेलल जाई।

भारत बनाम इंग्लैंड पांचवां टेस्ट मैच कहां खेलल जाई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांचवां टेस्ट मैच धर्मशाला में खेलल जाई।

भारत बनाम इंग्लैंड पांचवां टेस्ट मैच केतना बजे सुरू होई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच आखिरी टेस्ट मैच भारतीय समय के मोताबिक सबेरे साढ़े नौ बजे से सुरू होई। टॉस एकरा आधा घंटा पहिले माने सबेरे 9:00 बजे होई।

भारत बनाम इंग्लैंड पांचवां टेस्ट मैच भारत में कवना टीवी चैनल पs देखल जा सकत बा?

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांचवां टेस्ट मैच के सीधा प्रसारण स्पोर्ट्स 18 नेटवर्क पs होई। इहां रउआ अलग-अलग भाषा में मैच के आनंद ले सकत बानी। डीडी फ्री डिश इस्तेमाल करे वाला दर्शक डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में मैच देख सकत बा लो।

भारत बनाम इंग्लैंड पांचवां टेस्ट मैच के लाइव स्ट्रीमिंग कहां उपलब्ध होई?

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांचवां टेस्ट मैच ऑनलाइन जियो सिनेमा एप आ वेबसाइट पs देखल जा सकत बा।

इंग्लैंड के प्लेइंग-11: जैक क्राउली, बेन डकेट, ओली पोप, जो रूट, जॉनी बेयरस्टो, बेन स्टोक्स (कप्तान), बेन फोक्स (विकेटकीपर), शोएब बशीर, टॉम हार्टले, मार्क वुड, जेम्स एंडरसन।

भारत के संभावित प्लेइंग 11: यशस्वी जायसवाल, रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, सरफराज खान, रजत पाटीदार/देवदत्त पडिक्कल, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), रवींद्र जडेजा, रविचंद्रन अश्विन, कुलदीप यादव, जसप्रीत बुमराह, आकाश दीप/मोहम्मद सिराज।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]