Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Ranji Trophy: विदर्भ ने सेमीफाइनल में मध्य प्रदेश के 62 रन से हरवलस, 41 बार के चैंपियन मुंबई से खिताबी मुकाबला

783

रणजी ट्रॉफी के दूसरका सेमीफाइनल में विदर्भ 2021-22 के चैंपियन मध्य प्रदेश के 62 रन से हरा देले बा लो। 303 रन के लक्ष्य के पीछा करत मध्य प्रदेश के दूसरका पारी 258 रन पs सिमट गइल। नागपुर में खेलल गइल एह मैच में विदर्भ टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत अपना पहिला पारी में 170 रन बनवले रहलें।

जवाब में मध्य प्रदेश के पहिला पारी 252 रन पs समाप्त भइल। ऊ 82 रन के बढ़त लेलस। विदर्भ दूसरका पारी में 402 रन बनावल आ एमे से 82 रन घटा के तs उनकर बढ़त कुल 302 रन के भइल। एह तरे मध्य प्रदेश के 303 रन के लक्ष्य मिलल रहे। अब खिताबी मुकाबला में विदर्भ के सामना 41 बार के चैंपियन मुंबई से होई। फाइनल मैच 10 मार्च से खेलल जाई। विदर्भ के टीम दु बेर खिताब जीत चुकल बा।

विदर्भ पहिला पारी में 170 रन बनवले रहस।। करुण नायर 63 रन आ अथर्व तायदे 39 रन के पारी खेलले रहस। एमपी के ओर से आवेश खान चार विकेट लेलें, जबकि कुलवंत खेजरोलिया आ वेंकटेश अय्यर के दु-दु विकेट मिलल।

मध्य प्रदेश पहिला पारी में 252 रन बनावल। हिमांशु मंत्री 126 रन के पारी खेलले। ओहिजा, सारांश जैन 30 रन, सागर सोलंकी 26 रन आ हर्ष गावली 25 रन के पारी खेलले रहस। विदर्भ के ओर से उमेश आ यश ठाकुर तीन-तीन विकेट लिहल लो। ओहिजा, वखारे के दु विकेट मिलल।

एकरा बाद विदर्भ अपना दूसरका पारी में 402 रन बनवले। यश राठौड़ 141 रन के पारी खेलले। अक्षय वाडकर 77 रन, अमन मोखाड़े 59 रन आ ध्रुव शोरे 40 रन के पारी खेलले। एमपी के ओर से अनुभव अग्रवाल पांच विकेट लेलें, जबकि कुलवंत आ कार्तिकेय के दू-दु विकेट मिलल।

303 रन के लक्ष्य के पीछा करत मध्य प्रदेश के टीम अपना दूसरका पारी में 258 रन पs सिमट गइल। यश दुबे 94 रन बनवलें, जबकि हर्ष 67 रन के पारी खेलले। विदर्भ के ओर से यश ठाकुर आ अक्षय वखारे तीन-तीन विकेट लिहल लो। ओहिजा, आदित्य सरवाते आ आदित्य ठाकरे के दु-दु विकेट मिलल।

757880cookie-checkRanji Trophy: विदर्भ ने सेमीफाइनल में मध्य प्रदेश के 62 रन से हरवलस, 41 बार के चैंपियन मुंबई से खिताबी मुकाबला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.