[the_ad_group id="30365"]

IND vs ENG: कुलदीप टेस्ट में सबसे तेज 50 विकेट पूरा करे वाला भारतीय; एहु ममिला में भारत के पहिला गेंदबाज बनलें 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत आ इंग्लैंड के बीच पांच मैचन के टेस्ट सीरीज के पांचवां आ आखिरी मुकाबला में कुलदीप यादव कहर बरपवलें। धर्मशाला में उनकर स्पिन होत गेना के सामने इंग्लिश बल्लेबाज धराशाई हो गइल लो। भारतीय टीम इंग्लैंड के पहिला पारी को 218 रन पs समेट देलस। कुलदीप 15 ओवर में 72 रन देके पांच विकेट झटकलें। ऊ जैक क्राउली (79), बेन डकेट (27), ओली पोप (11), जॉनी बेयरस्टो (29) आ बेन स्टोक्स (0) के आउट कइलें। चार विकेट लेतही कुलदीप टेस्ट क्रिकेट में 50 विकेट पूरा कs लेलें। फिलहाल उनकर नाम 12 टेस्ट में 51 विकेट बा। 40 रन देके पांच विकेट उनकर सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन बा।

कुलदीप गेना के हिसाब से टेस्ट में सबसे तेज 50 विकेट पूरा करे वाला भारतीय गेंदबाज बन गइलें। एह ममिला में ऊ अक्षर पटेल के रिकॉर्ड तुड़लें। कुलदीप टेस्ट में 1871 गेना फेंक के 50 विकेट पूरा कइलें, जबकि अक्षर एकरा खातिर 2205 गेना फेंकले रहस। बुमराह 2520 गेना के संगे तीसरका स्थान पs बाड़ें। एतनही ना कुलदीप टेस्ट क्रिकेट में 50 विकेट पूरा करे वाला भारत के पहिला बाएं हाथ के रिस्ट स्पिनर हवे। ओहिजा, ओवरऑल ऊ अइसन करे वाला दुनिया के तीसरका स्पिनर हवे। उनका से पहिले दक्षिण अफ्रीका के पॉल एडम्स (कुल 134 विकेट) आ इंग्लैंड के जॉनी वार्डल (कुल 102 विकेट) ई मुकाम हासिल कइले रहस।

टेस्ट क्रिकेट में कम से कम 50 विकेट लेवे वाला गेंदबाजन में कुलदीप के स्ट्राइक रेट दूसरका सबसे बेहतरीन बा। गेंदबाजन के स्ट्राइक रेट माने औसतन केतना गेना में ऊ  विकेट चटकावे ला लो। कुलदीप के टेस्ट में स्ट्राइक रेट 36.8 बा। ओहिजा, एह ममिला में पहिला नंबर पs इंग्लैंड के जॉर्ज लोहमैन बाड़ें। उनकर स्ट्राइक रेट 34.1 के रहे। तीसरका नंबर 37.7 के स्ट्राइक रेट के संगे जॉन फेरिस आ चउथा नंबर पs 38.7 के स्ट्राइक रेट के संगे पूर्व कीवी तेज गेंदबाज शेन बॉन्ड के बा।

धर्मशाला में एह टेस्ट से पहिले अब तक खाली एके टेस्ट खेलल गइल रहे। ई टेस्ट मैच सात साल पहिले भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच खेलल गइल रहे। ऊ मैच एह फॉर्मेट में कुलदीप के डेब्यू मैच रहे। सात साल बाद ऊ एह मैदान पs लवटके घातक गेंदबाजी कइले बाड़ें। कुलदीप चउथा बेर पारी में पांच विकेट लेलें। उनका अलावे अश्विन चार विकेट लेलें। ई उनकर 100वां टेस्ट मैच हs। ओहिजा, रवींद्र जडेजा के एक विकेट मिलल। इंग्लैंड के सब 10 विकेट स्पिनर्स के मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]