एफआईएच प्रो लीग: भारत कांटा के टक्कर में इंग्लैंड के हरवलस

Share

ओलंपिक कांस्य पदक विजेता कप्तान मनप्रीत सिंह आ शीर्ष ड्रैगफ्लिकर हरमनप्रीत सिंह के दु-दु गो गोल से मदद से भारत के पुरुष हॉकी टीम अतवार के एफआईएच प्रो लीग के ‘डबल हेडर’ मुकाबला के दुसरका मैच में इंग्लैंड पs 4-3 से जीत दरज कइलस। मनप्रीत (15 वां आ 26 वां मिनट ) आ हरमनप्रीत (26 वां आ 43 वां मिनट) के दु-दु गोल कs से भारत के जीत के संगे तालिका में टॉप पs आपन बढ़त बनावे में मदद कइल लो। इंग्लैंड खातिर लियाम सैनफोर्ड (7 वां), डेविड कोंडन (39 वां) आ सैम वार्ड (44 वां मिनट) में गोल दागल लो।

भारत के हॉकी टीम के कमाल

मैच में इंग्लैंड के गेना पs कब्जा बेसी रहल बाकिर जीत के हकदार भारत के टीम बनल। भारत मैच में आठ पेनल्टी कोर्नर में से चार के गोल में बदललस ओहिजा इंग्लैंड छव में तीन पs गोल कइलस। गेना पs कम दबदबा के बावजूदो भारत के सर्कल पs बेसी दबदबा रहल। मेजबान टीम इंग्लैंड के सर्कल में 24 बेर सेंध लगवलस जबकि मेहमान टीम 17 बार अइसन कs पाइल।

एह जीत से भारत 10 मैच मे 21 अंक लेके टॉप पs बनल बा। इंग्लैंड छव मैच में 7 अंक के संगे सतवां स्थान पs बनल बा। भारत एकरा पहिले सनिचर के इंग्लैंड के शूटआउट में 3-2 से हरवले रहे जब दुनु टीम तय समे में 3-3 के बराबरी पs रहल रहे आ बोनस अंक हासिल कइले रहे।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-