Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कोरिया फतह करे उतरी भारत के महिला हॉकी टीम

क्वार्टर फाइनल जीत सेमीफाइनल में जाये के बा मवका

318

जूनियर महिला विश्व कप:  टूर्नामेंट में अब ले अजेय रहल आ आत्म विस्वास से भरल भारत के टीम सुक के जूनियर महिला हॉकी विश्व कप के क्वार्टर फाइनल में कम रैंकिंग आला दक्षिण कोरिया के खिलाफ जीत के उमेद से उत्तरी।

भारत पुल डी में आपन तीनों मैच जीत के 9 अंक के संगे टॉप पs रहल। भारत वेल्स के 5-1, जर्मनी के 2-1 आ मलेशिया के 4-0 से हरवलस। टीम 11 गो गोल कइलस आ ओकरा खिलाफ खाली 2 गो गोल भइल।

बेहतर गोल अंतर से बाजी मार कोरिया पहुंचल बा क्वार्टर फाइनल में 

कोरिया के टीम ग्रुप सी में खाली तीन अंक के संगे बेहतर गोल अंतर के कारण दुसरका स्थान पs रहल। कोरिया के पुल में अर्जेन्टीना के टीम 9 अंक के संगे टॉप पs रहल। उरुग्वे आ औस्ट्रिया के कोरिया लेखा तीन अंक रहे बाकिर बेहतर गोल अंतर का कारने एशियाई टीम बाजी मार लेलस।

भारत के पलड़ा भारी 

भारतीय टीम के कप्तान सलीमा टेटे के आलावे स्ट्राइकर शर्मिला देवी आ लालरेमसियामी का रूप में तीन गो ओलंपियन सामील बा लो जवन टीम के पलड़ा भारी करत बा। सलीमा सानदार प्रदर्शन करत अब ले फॉरवर्ड खेलाड़ियन ला कइयन गो मवका बनवले बाड़ी।

हमनी का लगे तेज गति से खेले आला खेलाड़ी बा लो। कोरिया के टीम निमन बा। हमनी का टीम के रूप में आछा खेले के होई। – सलीमा टेटे- भारत के कप्तान

238900cookie-checkकोरिया फतह करे उतरी भारत के महिला हॉकी टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.