[the_ad_group id="30365"]

कोरिया फतह करे उतरी भारत के महिला हॉकी टीम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जूनियर महिला विश्व कप:  टूर्नामेंट में अब ले अजेय रहल आ आत्म विस्वास से भरल भारत के टीम सुक के जूनियर महिला हॉकी विश्व कप के क्वार्टर फाइनल में कम रैंकिंग आला दक्षिण कोरिया के खिलाफ जीत के उमेद से उत्तरी।

भारत पुल डी में आपन तीनों मैच जीत के 9 अंक के संगे टॉप पs रहल। भारत वेल्स के 5-1, जर्मनी के 2-1 आ मलेशिया के 4-0 से हरवलस। टीम 11 गो गोल कइलस आ ओकरा खिलाफ खाली 2 गो गोल भइल।

बेहतर गोल अंतर से बाजी मार कोरिया पहुंचल बा क्वार्टर फाइनल में 

कोरिया के टीम ग्रुप सी में खाली तीन अंक के संगे बेहतर गोल अंतर के कारण दुसरका स्थान पs रहल। कोरिया के पुल में अर्जेन्टीना के टीम 9 अंक के संगे टॉप पs रहल। उरुग्वे आ औस्ट्रिया के कोरिया लेखा तीन अंक रहे बाकिर बेहतर गोल अंतर का कारने एशियाई टीम बाजी मार लेलस।

भारत के पलड़ा भारी 

भारतीय टीम के कप्तान सलीमा टेटे के आलावे स्ट्राइकर शर्मिला देवी आ लालरेमसियामी का रूप में तीन गो ओलंपियन सामील बा लो जवन टीम के पलड़ा भारी करत बा। सलीमा सानदार प्रदर्शन करत अब ले फॉरवर्ड खेलाड़ियन ला कइयन गो मवका बनवले बाड़ी।

हमनी का लगे तेज गति से खेले आला खेलाड़ी बा लो। कोरिया के टीम निमन बा। हमनी का टीम के रूप में आछा खेले के होई। – सलीमा टेटे- भारत के कप्तान

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]