हॉकी: जर्मनी के हराके भारत क्वार्टर फाइनल में

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 4, 2022

जूनियर महिला विश्व कप: भारतीय महिला हॉकी टीम एफआईएच जूनियर विश्व कप के पुल चरण के मुकाबला में अतवार के जर्मनी के 2-1 से हरा के क्वार्टर फाइनल में आपन जागे पक्का कs लेलस। सनिचर

Share

जूनियर महिला विश्व कप: भारतीय महिला हॉकी टीम एफआईएच जूनियर विश्व कप के पुल चरण के मुकाबला में अतवार के जर्मनी के 2-1 से हरा के क्वार्टर फाइनल में आपन जागे पक्का कs लेलस। सनिचर के ग्रुप डी के अपना सुरुआती मैच में वेल्स के 5-1 से हरावे आली भारतीय टीम एह मैच जर्मनी के हरा के बड़ उलटफेर कइलस।

दूसरके मिनट में मिलल बढ़त

टीम खातिर लालरेमसियामी (दुसरका मिनट) आ मुमताज खान (25 वां) मिनट पेनाल्टी कार्नर के गोल में बदलली। जर्मनी कावर से एकमात्र गोल जूल ब्लेयूल 57 वां मिनट में कइली।

टॉप पs पहुंचल भारत 

भारत के टीम आठ अप्रिल से सुरू हो रहल क्वार्टर फाइनल चरण से पहिले पांच अप्रिल के मलेशिया के खिलाफ पुल चरण के अंतिम मुकाबला में भिड़ी। भारत के टीम ए समे पुल डी के दु मैच में जीत हासिल कs के शीर्ष पs बा, जबकि जर्मनी के टीम एह तालिका में दूसरा स्थान पs बा।

हर पुल से दु-दु टीम क्वार्टर फाइनल खातिर कवालीफाई करी। एह प्रतियोगिता में भारत चार बेर खेलले बा जवना में 2013 में कांस्य पदक भारत के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन हs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.