Lucknow : प्रदेश के मेडिकल कॉलेजन के जांच करी दु-दु प्रोफेसरन के टीम, सुधार खातिर दी अपनी राय

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 10, 2025

लखनऊ। प्रदेश के 35 राजकीय आ स्वशासी राज्य चिकित्सा महाविद्यालयन के बेवस्था सुधारे खातिर नया रणनीति अपनावल गइल बा। अलग-अलग कॉलेजन के दु-दु प्रोफेसर के टीम एह कॉलेजन में जाके सब तरे के बेवस्था देखी

Share

लखनऊ। प्रदेश के 35 राजकीय आ स्वशासी राज्य चिकित्सा महाविद्यालयन के बेवस्था सुधारे खातिर नया रणनीति अपनावल गइल बा। अलग-अलग कॉलेजन के दु-दु प्रोफेसर के टीम एह कॉलेजन में जाके सब तरे के बेवस्था देखी लो। संगही एमे सुधार खातिर आपन राय दी।

चिकित्सा शिक्षा विभाग कॉलेजवार जांच करे खातिर प्रोफेसरन के सूची जारी कs देले बा। मालूम होखे कि मेडिकल कॉलेज के बेवस्था के लेके हाईकोर्ट सवाल उठवले रहे। दु महीना में जांच कराके सुधार के निरदेस देले रहे।

एह संबंध में चिकित्सा शिक्षा विभाग के प्रमख सचिव पार्थ सारथी सेन शर्मा टीमन के निरीक्षण सुरू करे के निरदेस देले बाड़ें। एकरा से ना खाली बेवस्था में सुधार होई बलुक संबंधित कॉलेज में मिलल कमियन के लेके नया सिरा से गाइडलाइन बनावल जा सकी। ताकि संबंधित कमियन के सुधारल जा सके।

का-का देखी टीम

  • आकस्मिक विभाग आ ट्राॅमा सेंटर में चिकित्सकन, तकनीकी आ नर्सिंग स्टाफ के 24 घंटा उपलब्धता, दवा के उपलब्धता, जीवन रक्षक उपकरणन के क्रियाशीलता आ डायग्नोस्टिक पैथोलॉजिकल आउर रेडियोलॉजिकल जांचन के आकस्मिक विभाग में बेवस्था।
  • चिकित्सालय में दवाइयन के समुचित उपलब्धता आ उपलब्ध दवा के सूची के डिस्प्ले।
  • ब्लड बैंक के 24 घंटे क्रियाशील रहल।
  • पैथोलॉजिकल आ रेडियोलॉजिकल जांच के 24 घंटा सुविधा आउर रेट लिस्ट डिस्प्ले होखे।
  • आईसीयू के पूर्ण क्रियाशीलता आ ऑक्सीजन उपलब्धता के इस्थिति।
  • एंबुलेंस आ शव वाहन के चालक के 24 घंटा उपलब्धता आउर चिकित्सालय परिसर में प्राइवेट एंबुलेंस/वाहन चिकित्सालय परिसर में क्रियाशील होखल।
  • ऑक्सीजन के बेवस्था खातिर एलएमओ, ऑक्सीजन जनरेशन प्लांट (पीएसए) सिलेंडर के क्रियाशीलता आ उपलब्धता।
  • बायोमेडिकल वेस्ट, पर्यावरण कल्ट्रोल आदि के महत्वपूर्ण वैध प्रमाण पत्रन के उपलब्धता आउर समय-समय पs अनुश्रवण।
  • चिकित्सालय के वार्डन में पर्याप्त संख्या में बेडशीट आ तकिया आदि के बेवस्था के इस्थिति।
  • चिकित्सालय आ कैंटीन में गुणवत्तापूर्ण भोजन के उपलब्धता आदि।
  • स्टाफ के संवेदनशीलता, बेवहार, यूनीफॉर्म के उपलब्धता, साफ-सफाई के इस्थिति।
  • चिकित्सा शिक्षकन, रेजीडेंट आ कर्मचारी के चिकित्सालय आउर एकेडमिक ब्लॉक में समय पs उपलब्धता। चिकित्सालय परिसर में ओपीडी में चिकित्सकन के रोस्टर आ उपस्थिति।
  • ओपीडी में चिकित्सकन द्वारा जेनरिक दवाईयन लिखल जा रहल बा कि ना।
  • चिकित्सालय परिसर में जन औषधि केन्द्र/अमृत फार्मेसी के 24 घंटा संचालन।
  • चिकित्सालय में दलालन पs प्रतिबन्ध लगावे के इस्थिति।
  • चिकित्सालय परिसर में कुल (पुरुष/महिला) शौचालयन के संख्या, ओकर क्रियाशीलता आ साफ-सफाई के इस्थिति, दिव्यांगजनन खातिर शौचालयन के इस्थिति।
  • चिकित्सालय परिसर के साफ-सफाई के इस्थिति।
  • चिकित्सालय में एसी/कूलर/पंखा के क्रियाशीलता के इस्थिति।
  • चिकित्सालय परिसर में साफ पेयजल के इस्थिति। चिकित्सालय में कुल वाटर कूलर आ केतना वाटर कूलर कियाशील बा आ अक्रियाशील बा।
  • चिकित्सालय में पेयजल के समुचित बेवस्था के इस्थिति आ वाटर कूलर आदि के क्रियाशीलता के इस्थिति।
  • छात्रन के शैक्षणिक कार्यन के नियमित रूप से पर्यवेक्षण।
  • केंद्रीय पुस्तकालय में किताबन आ जर्नल्स के उपलब्धता।
  • छात्रावासन के नियमित रूप से वार्डन आ सहायक वार्डन द्वारा स्थलीय निरीक्षण आउर समय समय पs प्रधानाचार्य द्वारा पर्यवेक्षण के इस्थिति। छात्रावास के सफाई आ शौचालयन के क्रियाशीलता के इस्थिति।
  • अस्पताल परिसर, गर्ल्स हॉस्टल, इमरजेंसी आदि स्थानन में सुरक्षा खातिर पूर्व सैनिकन के तैनाती के इस्थिति।
  • प्रधानाचार्य/उप प्रधानाचार्य द्वारा अस्पताल के भ्रमण के इस्थिति।
  • आउटसोर्सिंग एजेंसियन के कामन, साफ-सफाई, भोजन आदि के गुणवत्ता। आउटसोर्स कर्मियन के मानदेय आ भुगतान के इस्थिति।
  • मेडिकल कालेज/संस्थान में अस्पताल प्रशासन के सहजोग खातिर नान पीजी, जेआर के पदन के सापेक्ष एमबीबीएस, बीडीएस जेकरा के लगे अस्पताल प्रशासन के डिग्री बा, के तैनाती के इस्थिति।
  • राजकीय मेडिकल कॉलेजन में रोगी कल्याण समिति के क्रियाशीलता के इस्थिति।

Read Also: UP: यूपी के 22 पीसीएस के आईएएस काडर में पदोन्नति, नियुक्ति विभाग जारी कइलस आदेस

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.