[the_ad_group id="30365"]

Rohit Sharma आ Virat Kohli के कमी सभे के महसूस होला, BCCI दुनो के वनडे करियर पs देलस बड़ अपडेट

BCCI gives major update on Rohit Sharma and Virat Kohli's ODI career
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्‍पोर्ट्स डेस्‍क। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड भारतीय टीम के दिग्‍गज खिलाड़ी रोहित शर्मा आ विराट कोहली (Rohit Sharma & Virat Kohli) के वनडे भविष्‍य पs बड़ अपडेट देलस। बीसीसीआई उपाध्‍यक्ष राजीव शुक्‍ला पुष्टि कइलें कि दुनो पूर्व कप्‍तान वनडे खेले खातिर उपलब्‍ध रही लो।

इयाद दिला दीं कि रोहित शर्मा आ विराट कोहली टी20 वर्ल्‍ड कप 2024 खिताब जीतले के बाद टी20 इंटरनेशनल प्रारूप से संन्‍यास ले लेले रहे लो। फेर दुनो दिग्‍गज मई में टेस्‍ट क्रिकेट से संन्‍यास के घोषणा कइल।

हाले में रोहित शर्मा आ विराट कोहली के वनडे भविष्‍य पs कयास लगावल गइल रहे कि दुनो खिलाड़ी जल्दिये संन्यास के घोषणा करी लो, काहेकि अगिला वनडे वर्ल्‍ड कप 2027 में आयोजित होई। दक्षिण अफ्रीका, जिम्‍बाब्‍वे आ नामीबिया 2027 वनडे वर्ल्‍ड कप के सह-मेजबान बा।

राजीव शुक्‍ला का कहलें

बीसीसीआई उपाध्‍यक्ष राजीव शुक्‍ला एएनआई से बातचीत में कहलें, ‘हम ई बात एक बेर में सभे खातिर स्‍पष्‍ट कs दिहल चाहत बानी। ई हमनी खातिर बहुत अच्‍छा बात बा कि रोहित-विराट वनडे क्रिकेट के खातिर उपलब्‍ध रही लो।

‘शुक्‍ला एह बात के खारिज कइलें कि दुनो दिग्‍गजन पs टेस्‍ट क्रिकेट से संन्‍यास लेवे खातिर दबाव बनावल गइल रहे। लंदन में पत्रकारन से बातचीत करत शुक्‍ला आपन सफाई पेश कइलें।

Rohit Sharma & Virat Kohli : दिग्गजन के टेस्‍ट में खराब प्रदर्शन

बता दीं कि रोहित शर्मा आ विराट कोहली के 2024-25 के ऑस्‍ट्रेलिया दौरा पs प्रदर्शन खराब रहल रहे। रोहित शर्मा पांच पारियन में 6.20 के औसत से खाली 31 रन बना सकल रहस। ओहिजा, कोहली 9 पारियन में 23.75 के औसत से 190 रन बनवले रहस।

कोहली पर्थ टेस्‍ट के दूसरका पारी में नाबाद 100 रन बनवले रहस, बाकिर एकरा बाद पूरा टेस्‍ट सीरीज में उ कवनो कमाल ना दिखा सकलें। भारतीय टीम के बांग्‍लादेश दौरा जदि होत बा तs उ आपन अगिला वनडे सीरीज अगस्‍त में खेली।

Read Also: Patna Airport News: पटना एयरपोर्ट पs टलल बड़ हादसा, दिल्ली से आ रहल विमान के रनवे ओवरशूट; जानीं पूरा ममिला

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]