[the_ad_group id="30365"]

IND vs USA: भारत-अमेरिका पहिला बेर T20I में आमने-सामने, जानीं कब-कहां आ कइसे देखल जा सकी लाइव मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी स्पोर्ट्स डेस्क: टी-20 विश्व कप 2024 के 25वां मुकाबला बुध के भारत आ अमेरिका के बीच खेलल जाई। दुनो टीम आपन तीसरा मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट स्टेडियम में खेलत नजर आई। लगातार दु मैचन में जीत हासिल कs चुकल भारतीय टीम अपना जीत के लय के बरकरार रखे के चाही। ओइसे, अमेरिका के हल्का में लेहल खतरा से खाली ना होई। हाले में ऊ पाकिस्तान के सुपर ओवर में हरवले रहे।एह मैच के लुत्फ उठावे खातिर फैंस के का करे के होई? आईं जानल जाव…

कब बा भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मुकाबला 12 जून माने बुध के खेलल जाई।

कहां खेलल जाई भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई।

कब सुरू होई भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मुकाबला?

भारत आ अमेरिका के बीच टी-20 विश्व कप 2024 के मुकाबला भारतीय समयानुसार रात आठ बजे से खेलल जाई। टॉस सांझ के साढ़े सात बजे होई।

कवना टीवी चैनल पs प्रसारित होई मैच?

स्टार स्पोर्ट्स के लगे टी-20 विश्व कप 2024 के प्रसारण के अधिकार बा। अंग्रेजी में लाइव कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स 1 एचडी/एसडी पs आ हिंदी कमेंट्री स्टार स्पोर्ट्स हिंदी एचडी/एसडी पs उपलब्ध होई। स्टार स्पोर्ट्स चैनल हिंदी आ अंग्रेजी के अलावे बंगाली, कन्नड़, तेलुगु आ तमिल सहित आउर भाषा में लाइव कमेंट्री प्रदान करी। ओहिजा, डीडी फ्री डिश इस्तेमाल करे वाला दर्शक डीडी स्पोर्ट्स पs फ्री में भारत के मैचन के अलावा सेमीफाइनल आ फाइनल मुकाबला देख सकी लो।

फोन भा लैपटॉप पs कइसे देख सकत बानी लाइव मैच?

एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग डिज्नी प्लस हॉटस्टार (Disney+Hotstar) एप पs देखल जा सकत बा।  लैपटॉप भा स्मार्ट टीवी पs देखे खातिर पइसा देके सब्सक्रिप्शन लेवे के पड़ी ।l

टी-20 विश्व कप खातिर दुनो टीम

भारत: रोहित शर्मा, यशस्वी जायसवाल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), संजू सैमसन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उपकप्तान), शिवम दुबे, रवींद्र जडेजा, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, युजवेंद्र चहल, अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह, मोहम्मद सिराज। रिजर्वः शुभमन गिल, रिंकू सिंह, खलील अहमद, आवेश खान।

अमेरिका: मोनांक पटेल (कप्तान), एरोन जोनेस (उप-कप्तान), एंड्रीस गोस, कोरी एंडरसन, अली खान, हरमीत सिंह, जेस्सी सिंह, मिलिंद कुमार, निसार्ग पटेल, नितीश कुमार, नोसतुश केनजिगे, सौरभ नेत्रवलकर, शेडली वैन शेलक्विक, स्टीवन टेलर, शायान जाहांगीर। रिजर्वः गजानंद सिंह, जुआनोए ड्रेसाडाले, यासिर मोहम्मद।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]