[the_ad_group id="30365"]

USA vs IND Playing 11: भारतीय टीम के ‘मिनी इंडिया’ से मिली चुनौती, जीत के हैट्रिक लगावे पऽ दुनु टीम के नजर; शिवम दुबे के हो सकऽता छुट्टी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

USA vs IND Playing 11: टी20 विश्‍व कप 2024 में भारत आ अमेरिका अब तक 2-2 मैच खेले बा सब में जीत दर्ज कइले बा। भारतीय टीम अपना पहिला मैच में आयरलैंड के 8 विकेट से हरवले रहे। रोहित शर्मा एंड कंपनी अपना दूसरका मैच में पाकिस्‍तान के 6 रन से मात देले रहे। दूसरका ओर अमेरिका आपन पहिला मोकाबला में कनाडा के 7 विकेट से रौंदले रहे।

टी20 विश्‍व कप 2024 के 25वां मोकाबला में बुध के भारतीय टीम के सामना मेजबान अमेरिका से होई। ई मैच न्यूयॉर्क के नासाउ काउंटी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। टूर्नामेंट में विजयी रथ पs सवार भारतीय टीम के कोशिश एह मैच के अपना नांवे कऽ के जीत के हैट्रिक लगावे पs होई। दूसरका ओर भारतीय मूल के खिलाड़‍ियन से सजल अमेरिका टीम के नजर तीसरका जीत पs होई। USA के स्‍क्वॉड में 8 भारतीय मूल के प्‍लेयर शामिल बाड़े। अइसे में एह अहम मैच में दुनु टीमन के संभावित प्‍लेइंग 11 का हो सकऽता, आई जानल जाव।

शिवम दुबे के हो सकऽता छुट्टी

अमेरिका के खिलाफ मैच में भारतीय टीम के प्‍लेइंग 11 में कुछ बदलाव देखे के मिल सकऽता। ऑलराउंडर रवींद्र जडेजा के जगह चाइनामैन गेंदबाज कुलदीप यादव के मौका मिल सकऽता। शिवम दुबे के जगह पs लगातार सवाल उठ रहल बा। अइसे में यशस्‍वी जायसवाल के अंतिम 11 में एंट्री हो सकऽता। USA के टीम में कवनो प्‍लेयर चोटिल नइखन। अइसे में मोनांक पटेल बिनिंग कॉम्बिनेशन से कवनो छेड़छाड़ नइखन कर सकत।

दुनु टीम के संभावित प्‍लेइंग 11

भारतीय टीम: रोहित शर्मा (कप्तान), विराट कोहली, यशस्वी जायसवाल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, कुलदीप यादव, अर्शदीप सिंह, मोहम्मद सिराज, जसप्रीत बुमराह।

अमेरिकी टीम: स्टीवन टेलर, मोनांक पटेल (कप्तान और विकेटकीपर), एंड्रीज गौस, आरोन जोन्स, नितीश कुमार, कोरी एंडरसन, हरमीत सिंह, जसदीप सिंह, नोस्टुश केनजिगे, सौरभ नेत्रावलकर, अली खान।

टूर्नामेंट में दुनु टीम के प्रदर्शन

टी20 विश्‍व कप 2024 में भारत आ अमेरिका अबही ले 2-2 मैच खेलले बा आ सब में जीत दर्ज कइले बा। भारतीय टीम आपन पहिलका मैच में आयरलैंड के 8 विकेट से हरवले रहे। रोहित शर्मा एंड कंपनी अपना दूसरका मैच में पाकिस्‍तान के 6 रन से मात देले रहे। दूसरका ओर अमेरिका अपना पहिला मुकाबले में कनाडा के 7 विकेट से रौंदले रहे। दूसरका ओर USA आ पाकिस्‍तान के बीच खेलल गइल मैच टाई रहल रहे। सुपर ओवर में अमेरिका पाकिस्‍तान के मुह से जीत छीन लेले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]