[the_ad_group id="30365"]

WI vs NZ: Andre Russell 500 टी20 मैच खेले वाला बनलें दुनिया के 5वां खिलाड़ी, जानीं Kohli आ Rohit वना नंबर पs बा लो मौजूद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आंद्रे रसेल के नावे बियफे, 13 जून के टी20 क्रिकेट के नया उपलब्धि जुड़ गइल। टी20 वर्ल्ड कप 2024 के 26वां मैच में न्यूजीलैंड के खिलाफ क्रिकेट ग्राउंड पs उतरतही ऊ दिग्गजन के लिस्ट में सामिल हो गइलें। रसेल टी20 क्रिकेट इतिहास में 500 भा ओकरा से जादे मैच खेले वाला पांचवां खिलाड़ी बन गइल बाड़ें।

आंद्रे रसेल वेस्टइंडीज के स्टार ऑलराउंडर कीरोन पोलार्ड, शोएब मलिक, सुनील नरेन आ ड्वेन ब्रावो के संगे एह सानदार सूची में सामिल हो गइल बाड़ें। उल्लेखनीय बा कि पोलार्ड 660 मैच के संगे टी20 प्रारूप में सबसे जादे मैच खेले वाला खिलाड़ी बाड़ें। उनका बाद ड्वेन ब्रावो (573), शोएब मलिक (542) आ सुनील नरेन (513) के नंबर आवेला।

सर्वाधिक टी20 खेले वाला खिलाड़ी:-

खिलाड़ी  मैच
कीरोन पोलार्ड 660
ड्वेन ब्रावो 573
शोएब मलिक 542
सुनील नरेन 513

आंद्रे रसेल 500

डेविड मिलर 481
रवि बोपारा 466
क्रिस गेल 463
एलेक्स हिल्स 454
रोहित शर्मा 442

विराट कोहली 21वां स्थान पs मवजूद

एह लिस्ट में भारत के स्टार बल्लेबाज विराट कोहली 21वां नंबर पs मवजूद बाड़ें। विराट 2007 से अब तक 393 टी20 मैच खेलले बाड़ें। ओहिजा, एह लिस्ट में भारत के पूर्व कप्तान महेंद्र सिंह धोनी 22वां स्थान पs बा। धोनी 391 टी20 मैच खेलले बाड़ें।

वेस्टइंडीज न्यूजीलैंड के हरवलस 

गौर करे वाला बात बा कि कि बियफे के खेलल गइल मैच में वेस्टइंडीज न्यूजीलैंड के 13 रन से मात देलस। एक तरफ वेस्टइंडीज एह जीत के संगे सुपर-8 खातिर क्वालीफाई कs गइल तs ओहिजा, दूसरका आ लगातार से न्यूजीलैंड के सुपर-8 में पहुंचल नामुमकिन लेखा हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]