[the_ad_group id="30365"]

IND vs SA 3rd T20 Preview: भारत के सामने बढ़त बनावे के चुनौती, बल्लेबाजन के फॉर्म चिंता के विषय

ind vs sa
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND vs SA 3rd T20 Preview: भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच दूसरका टी-20 में गकेबरहा के तेज आ उछाल भरल पिच पs फ्लॉप रहे वाला भारतीय बल्लेबाजन के सेंचुरियन में बुध के होखे वाला तीसरका टी20 में दक्षिण अफ्रीकी तेज गेंदबाजन के परीक्षा से गुजरे के होई। सुपरस्पोर्ट पार्क के पिच तेज आ उछाल भरल बा। सूर्यकुमार यादव के टीम के 1-1 से बराबर चार मैचन के सीरीज में बढ़त बनावे के होई तs ओकरा बल्लेबाजन के अफ्रीकी तेज गेंदबाजन के परीक्षा पास करे के होई। दिक्कत इहो बा कि हार्दिक पांड्या के छोड़के टीम के आउर कवनो क्रिकेटर एह मैदान पs कबो कवनो टी20 मैच नइखे खेलले लो। भारतीय टीम खातिर इहां के इस्थिति एकदम नया होई। अब तक दुनो मैचन में प्रभाव ना छोड़ पाइल कप्तान सूर्यकुमार यादव, रिंकू सिंह आ ओपनर अभिषेक शर्मा के बल्लेबाजी में आगे बढ़के जिम्मेदारी उठावे के होई।

सैमसन के साथ ना दे पइलें अभिषेक

2009 के बाद से भारत एह मैदान पs 2018 में खाली एगो टी-20 मैच खेलले बा। वर्तमान भारतीय टीम के सदस्यन में हार्दिक पंड्या एह मैच में खेलले रहस। भारत के एह मैच में छव विकेट से हार मिलल रहे। इहे कारण बा कि भारतीय बल्लेबाजन के फॉर्म इहां मायने रखी। अभिषेक शर्मा बतौर ओपनर अब तक दुनो मैच में नहीं चलल बा। जदि ऊ तीसरका मैच में ना चलल तs टीम प्रबंधन ओकरा स्थान पs संजू सैमसन के संगे तिलक वर्मा के ओपनिंग के मवका दे सकत बा। अइसे में टीम में रमनजीत सिंह के जगह बन सकत बा, जवन मध्यक्रम में तेज बल्लेबाजी करेलें।

सूर्यकुमार के उठावे के होई जिम्मेदारी

360 डिग्री क्रिकेटर के तौर पs मशहूर सूर्यकुमार दुनो मैचन में प्रभाव नइखन छोड़ पवलें। ऊ अभी ले 21 आ चार रन के पारी खेलले बा। सुपरस्पोर्ट पार्क पs सफलता खातिर भारतीय टीम उनका बल्लेबाजी पs बहुत हद तक निर्भर करी। रिंकू सिंह दुनो मैचन में 11 आ नव रन के पारी खेल सकल बाड़ें। ऊ फिनिशर के भूमिका से न्याय नइखे कs सकल लो। हार्दिक पंड्या पहिला मैच में दु आ दूसरका मैच में 45 गेना में धीमा गति से 39 रन बनवले रहस। खाली संजू सैमसन आ तिलक वर्मा अइसन दु बल्लेबाज रहल बा लो, जे रन बनवले बा। सैमसन पहिला मैच में 50 गेना में 107 रन के पारी खेलले रहस, जबकि दूसरका मैच में ऊ जीरो पs बोल्ड भइल रहस। तिलक पहिला मैच में 33 आ दूसरका में 20 रन बनवलें।

वरुण के फिरकी छोड़लें बा छाप

एह दौरा पs भारत के अब तक सबसे सकारात्मक पक्ष ओकर स्पिन गेंदबाजी रहल बा। वरुण चक्रवर्ती आ रवि बिश्नोई प्रभावित कइलें बाड़ें। खासतौर पs पहिला मैच में 25 पs तीन आ दूसरका मैच में 17 रन पs पांच विकेट लेवे वाला वरुण के गुगली द. अफ्रीकी बल्लेबाजन खातिर समझ से बाहर रहल बा।  गकेबरहा के तेज गेंदबाजन के मददगार पिच पs ऊ द. अफ्रीका के स्कोर छव विकेट पs  66 रन कs  देलें रहस। बिश्नोई दु मैचन में चार विकेट लेके प्रभावित कइलें बाड़ें। अर्शदीप आ आवेश खान दूसरका मैच में निराश कइले रहे लो। ट्रिस्टन स्टब्स आ गेराल्ड कोएत्जी  एह दुरहे नो गेंदबाजन पs अंत में रन बनाके भारत के हाथ में आइल जीत के छीन लेले रहे लो।

द. अफ्रीकी बल्लेबाज रहल बा लो विफल

बल्लेबाजी खाली भारतीय टीम के समस्या नइखे रहल। द. अफ्रीकी बल्लेबाज रन बनावे से जूझ रहल बा लो। कप्तान एडिन मार्करम दुनो मैचन में नइखे चल रहल बा। अनुभवी डेविड मिलर के इहे हाल रहल बा। खतरनाक हेनरिक क्लासेन अभी ल बड़ पारी नइखे खेल पाइल लो। कोएत्जी जरूर दुनो मैचन में 23 आ 19 रन के तेज पारी खेलले बा। स्टब्स दूसरका मैच में 47 रन के पारी खेलके अपना उपयोगिता के परिचय देले बा।

दुनो टीम एह तरे बा…

भारत: अभिषेक शर्मा, संजू सैमसन (विकेटकीपर), सूर्यकुमार यादव (कप्तान), तिलक वर्मा, हार्दिक पांड्या, रिंकू सिंह, अक्षर पटेल, विजयकुमार वैशाक, आवेश खान, वरुण चक्रवर्ती, अर्शदीप सिंह, यश दयाल, रवि बिश्नोई, रमनदीप सिंह , जितेश शर्मा।

दक्षिण अफ्रीका: रीजा हेंड्रिक्स, रेयान रिकेल्टन (विकेटकीपर), एडेन मार्करम (कप्तान), ट्रिस्टन स्टब्स, हेनरिक क्लासेन, डेविड मिलर, मार्को यानसेन, केशव महाराज, गेराल्ड कोएत्जी, एन पीटर, ओटनील बार्टमैन, डोनोवन फरेरा, मिहलाली मपोंगवाना, पैट्रिक क्रूगर।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]