IND vs AUS: भारत के खिलाफ पर्थ टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलियाई टीम के एलान, मैकस्वीनी नया चेहरा, इंगलिस के मवका

khabar Bhojpuri Desk
रोहित आ कमिंस - फोटो : ICC/BCCI

ऑस्ट्रेलिया भारत के खिलाफ पांच मैचन के सीरीज के पहिले टेस्ट खातिर टीम के एलान कs देले बा। बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के नाम से पहचानल जाये वाला एह सीरीज के पर्थ में खेलल जाये वाला पहिला टेस्ट खातिर क्रिकेट ऑस्ट्रेलिया अतवार के 13 सदस्यीय टीम के एलान कइलस। डेविड वॉर्नर के रिप्लेसमेंट के तौर पs नाथन मैकस्वीनी के टीम में सामिल कइल गइल बा। मैकस्वीनी भारत-ए के खिलाफ तीन अनाधिकारिक मैचन के सीरीज खातिर ऑस्ट्रेलिया-ए टीम के कप्तानो बाड़ें। वॉर्नर संन्यास ले चुकल बाड़ें। अब मैकस्वीनी पर्थ टेस्ट में उस्मान ख्वाजा के संगे ओपनिंग करत लउक सकत बाड़ें। एकरा अलावे विकेटकीपर जोश इंगलिस के पहिला बेर टेस्ट टीम में सामिल कइल गइल बा। पर्थ में होखे वाला पहिला टेस्ट 22 नवंबर से खेलल जाई। ओपनिंग स्पॉट के खातिर मैकस्वीनी के लड़ाई कैमरन बैनक्रॉफ्ट, सैम कोन्सटास आ मार्कस हैरिस जइसन खिलाड़ियन से रहे।

मिचेल मार्श के टेस्ट टीम में वापसी

एकरा अलावे ऑलराउंडर मिचेल मार्श के टेस्ट टीम में वापसी भइल बा। ऊ पिछला काफी समय से चोटिल होखला के वजह से टीम से बाहर रहस। कैमरन ग्रीन के बैक स्ट्रेस फ्रैक्चर के वजह से मिचेल मार्श के वापसी भइल बा। ऑस्ट्रेलिया के मुख्य चयनकर्ता जॉर्ज बेली कहलें, ‘मैकस्वीनी अच्छा प्रदर्शन कइले बाड़ें आ हमनी के उम्मीद बा कि आवे वाला सीरीज में ऊ मजबूती से खेलिहें। दक्षिण ऑस्ट्रेलिया आ ऑस्ट्रेलिया ए खातिर उनकर प्रदर्शन उनका पक्ष में रहल आ हमनी के समझत बानी सs कि ऊ टेस्ट स्तर पs अवसर खातिर तइयार बाड़ें। एही तरे इंगलिस शेफील्ड शील्ड प्रतियोगिता में सानदार प्रदर्शन कइलें आ टेस्ट टीम में जगह के हकदार बाड़ें।’

इंगलिस - फोटो : Twitter
इंगलिस – फोटो : Twitter

इंगलिस शेफील्ड शील्ड में कइले रहस सानदार प्रदर्शन

मैकस्वीनी आ इंगलिस जइसन दुगो अनकैप्ड खिलाड़ियन के अलावे तेज गेंदबाज स्कॉट बोलैंड के टीम में वापसी भइल बा। ऊ कप्तान पैट कमिंस, मिचेल स्टार्क आ जोश हेजलवुड के बैकअप होइहें। 29 बरिस जोश इंगलिस के सामिल कइल एगो आश्चर्यजनक फैसला बा काहेकि एलेक्स कैरी के रूप में टीम में पहिलही से एगो विकेटकीपर बा। हालांकि, इंगलिस के मवजूदा शेफील्ड शील्ड सीजन में उनका सानदार फॉर्म खातिर पुरस्कृत कइल गइल बा। वेस्ट ऑस्ट्रेलिया के विकेटकीपर-बल्लेबाज पर्थ में बैक-टू-बैक शतकन के संगे राष्ट्रीय चयन खातिर अपन दावेदारी मजबूत कइले रहस। इंगलिस क्वींसलैंड के खिलाफ 122 आ 48 रन बनवलें, एकरा बाद तस्मानिया के खिलाफ 101 आ नाबाद 26 रन बनवलें। अब ई देखे वाला बात होई कि इंगलिस के पर्थ टेस्ट में कैरी पs तरजीह दिहल जात बा कि ना।

मैकस्वीनी - फोटो : Twitter
मैकस्वीनी – फोटो : Twitter

मैकस्वीनी के प्रथम श्रेणी में सानदार प्रदर्शन

मैकस्वीनी बेहतरीन प्रदर्शन करे में सफल रहल बाड़ें आ उनका अगुआई में ऑस्ट्रेलिया ए पिछला दु हफ्ता में भारत ए पs लगातार दु जीत दर्ज कइले बाड़ें। क्वींसलैंडर, जे अब दक्षिण ऑस्ट्रेलिया के नेतृत्व कs रहल जाड़ें, मैके में सुरुआती मैच में अपना प्रतिभा के प्रदर्शन कइले रहस। चउथा नंबर पs बल्लेबाजी कs रहल मैकस्वीनी 39 रन के पारी आ नाबाद 88 रन के पारी खेलके प्रभावित कइले रहस। अइसन में चयनकर्ता एमसीजी में भारत-ए के खिलाफ दूसरका अनाधिकारिक मैच में उनका के सलामी बल्लेबाज के भूमिका में प्रमोट कइल लो। सलामी बल्लेबाज के रूप में अपना प्रथम श्रेणी डेब्यू में मैकस्वीनी पहिला पारी में 14 रन बनवलें। हालांकि, ऊ दूसरका पारी में जादे संयम दिखवलें। हैरिस आ बनक्रॉफ्ट के शून्य पs आउट होखला के बाद शीर्ष क्रम के इस्थिर करे खातिर लगभग 100 मिनट बल्लेबाजी कइलस आ 69 गेना के सामना कइलें। मैकस्वीनी सैम कोन्सटास के संगे 47 रन के महत्वपूर्ण साझेदारी निभवलें आ ऑस्ट्रेलिया-ए टीम के जीत दिलवलें।

रोहित आ पैट कमिंस - फोटो : Twitter
रोहित आ पैट कमिंस – फोटो : Twitter

पर्थ टेस्ट खातिर ऑस्ट्रेलिया के टीम: पैट कमिंस (कप्तान), स्कॉट बोलैंड, एलेक्स कैरी, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, जोश इंगलिस, उस्मान ख्वाजा, मार्नस लाबुशेन, नाथन लियोन, मिचेल मार्श, नाथन मैकस्वीनी, स्टीव स्मिथ, मिचेल स्टार्क।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी खातिर भारतीय टीम: रोहित शर्मा (कप्तान), जसप्रीत बुमराह (उपकप्तान), यशस्वी जयसवाल, अभिमन्यु ईश्वरन, शुभमन गिल, विराट कोहली, केएल राहुल, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), सरफराज खान, ध्रुव जुरेल (विकेटकीपर), आर अश्विन, आर जडेजा, मोहम्मद सिराज, आकाश दीप, प्रसिद्ध कृष्णा, हर्षित राणा, नीतीश कुमार रेड्डी, वॉशिंगटन सुंदर।

रिजर्व: मुकेश कुमार, नवदीप सैनी, खलील अहमद।

बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी 2024-25 के कार्यक्रम

मैच दिनांक स्थान
पहिला टेस्ट 22-26 नवंबर पर्थ
दूसरका टेस्ट 6-10 दिसंबर एडिलेड
तीसरका टेस्ट 14-18 दिसंबर ब्रिस्बेन
चउथा टेस्ट 26-30 दिसंबर मेलबर्न
पांचवां टेस्ट 3-7 जनवरी सिडनी
Share This Article
खबर भोजपुरी के आधिकारिक समाचार अपडेट प्रोफ़ाइल पs रउआ सभे के स्वागत बा।