IND vs SA: अफ्रीका खातिर मुसीबत बनलें तिलक वर्मा, टी20 में भारत खातिर शतक बनावे वाला दूसरका सबसे नवहा खिलाड़ी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 14, 2024

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच जारी तीसरका टी20 मैच में तिलक वर्मा के बल्ला जमके गरजल। सेंचुरियन में खेलल गइल एह मुकाबला में ऊ सानदार प्रदर्शन कइलें आ करिअर के पहिला शतक ठोक देलें।

Share

भारत आ दक्षिण अफ्रीका के बीच जारी तीसरका टी20 मैच में तिलक वर्मा के बल्ला जमके गरजल। सेंचुरियन में खेलल गइल एह मुकाबला में ऊ सानदार प्रदर्शन कइलें आ करिअर के पहिला शतक ठोक देलें। उनकर एह सानदार पारी के बदौलत भारत के स्कोर 200 के पार पहुंचल।

ई कारनामा करे वाला दूसरका सबसे नवहा भारतीय

एह मैच में तिलक वर्मा विस्फोटक पारी खेललें। ऊ 56 गेना के सामना कइलें आ 107* रन बनवलें। एह दौरान ऊ 191.07 के स्ट्राइक रेट से आठ चौका आ सात छक्का लगवलें। 51 गेना में ऊ अपना करिअर के पहिला शतक लगवलें। एही के संगे ऊ बड़ रिकॉर्ड अपना नामे कs लेलें। ऊ टी-20 अंतरराष्ट्रीय में शतक बनावे वाला दूसरका सबसे नवहा भारतीय बन गइलें। ऊ ई कारनामा 22 साल पांच दिन के उमिर में कइलें। एह ममिला में शीर्ष पs यशस्वी जायसवाल बाड़ें। ऊ 21 साल 279 दिन के उमिर में नेपाल के खिलाफ शतकीय पारी खेलले रहस।

भारत खातिर टी20 अंतरराष्ट्रीय में शतक बनावे वाला सबसे नवहा खिलाड़ी

उमिर खिलाड़ी स्कोर विपक्षी टीम स्थान बरिस
21 वर्ष 279 दिन यशस्वी जायसवाल 100 नेपाल हांगझोउ 2023
22 वर्ष 5 दिन तिलक वर्मा 100* दक्षिण अफ्रीका सेंचुरियन 2024
23 वर्ष 146 दिन शुभमन गिल 126* न्यूजीलैंड अहमदाबाद 2023
23 वर्ष 156 दिन सुरेश रैना 101 दक्षिण अफ्रीका ग्रॉस आइलेट 2010

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.