[the_ad_group id="30365"]

कैलिफोर्निया से पकड़ल गइल गोल्डी बराड़, सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड के रहल मुख्य आरोपी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पंजाबी गायक सिद्धू मूसेवाला हत्याकांड के मुख्य आरोपी गोल्डी बराड़ के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा। खुफिया एजेंसियन के मुताबिक कैलिफोर्निया से ओकर गिरफ्तारी भइल रहे। सूत्रन के मुताबिक, गैंगस्टर गोल्डी बराड़ के 20 नवंबर चाहे एहसे पहिले हिरासत में लिहल गइल रहे। हालांकि, गोल्ड के गिरफ्तारी के बारे में अभिन कौनो आधिकारिक जानकारी सोझे नाइ आइल रहे।

मूसेवाला के पिता कइले रहनें इनाम के एलान

एहसे पहिले मूसेवाला के पिता बलकौर सिंह गोल्डी बराड़ के गिरफ्तारी न होखले पर नाराजगी जाहिर कइले रहनें। ऊ कहले रहनें कि जे गोल्डी के पता बताई, उनके ऊ आपन जमीन बेच के 2 करोड़ रुपया दीहें। एकरे ठीक एक दिन बाद गोल्डी के गिरफ्तारी के खबर सोझे आइल बा। हालांकि, सुरक्षा एजेंसी सब पुष्टि खातिर अमेरिकी अधिकारियन से संपर्क साध रहल बा।

के ह गोल्डी बराड़

गोल्डी बराड़ के मूसेवाला हत्याकांड के मास्टरमांडइ मानल जाला। पुलिस के मुताबिक, मूसेवाला कांड में सारे निर्देश कनाडा में बैठल गोल्डी ही देत रहे। हत्या के ठीक बाद गैंगस्टर गोल्डी बराड़ कथित तौर पर हमल के जिम्मेदारियो लिहले रहनें।

बराड़ के खिलाफ इंटरपोल रेड कॉर्नर नोटिसो जारी कs रखले रहे। बतावल जाता कि पंजाब में आपन उगाही रैकेट चलवले के बाद ऊ कनाडा से ही राज्य में आपन हिट स्कवॉड अउर बिजनेस चलावेने। उनका पर भारत में हत्या, आपराधिक साजिश, अवैध हथियारन के आपूर्ति जइसन कई मामिला दर्ज बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]