[the_ad_group id="30365"]

एलन मस्क ट्विटर से 50 फीसदी कर्मचारियन के बहरा के रास्ता दिखवलें बोले- कंपनी नुकसान में होखे त…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एलन मस्क शनिचर के ट्विटर के करीब 50 फीसदी कर्मचारियन के कंपनी से बाहर के रास्ता दिखा दिहलें। एक हफ्ता पहिलही एह माइक्रो ब्लॉगिंग प्लेटफॉर्म के 44 अरब डॉलर में खरीदे वाले मस्क बीतल सात दिन में ही कंपनी में कई आधारभूत बदलाव कइले बानें। एहमें ट्विटर के दुनियाभर में 7500 कर्मचारियन में से करीब 3700 लोग के छंटनी जइसन कदम भी शामिल रहल। बतावल गइल बा कि जौने कर्मचारियन के निकालल गइल, उनसे सुक्क के ही कंपनी के कंप्यूटर अउर ई-मेल के एक्सेस छीन लिहल गइल बा।

जहां एक ओर ट्विटर में एह तरह कर्मचारियन निकाले खातिर एलन मस्क के आलोचना हो रहल बा, उहवें, सुक्क के देर रात टेस्ला चीफ खुद ट्वीट में एके ले के सफाई दिहलें। ऊ कहलें, “जहां ले ट्विटर में कर्मचारियन के कम कइले के बात बा, दुर्भाग्यपूर्ण बा कि हमनीके लग्गे कौनो विकल्प नाइ रहल। खासकर तब जब कंपनी हर दिन 40 लाख डॉलर (करीब 32 करोड़ रुपया) गंवावत होखे।

ट्विटर में राजस्व के कमी के मुद्दा उठा चुकल बानें मस्क

मस्क सुक्क के ही ट्विटर के राजस्व में भी भारी कमी के शिकायत कइले रहनें अउर कहनें कि अइसन कुछ एक्टिविस्ट समूह के वजह से हो रहल बा, जौन कि एडवर्टाइजर्स पर दबाव बना रहल बा। ऊ कहलें, “हमनीं के एक्टिविस्ट्स लोग के मनावे के काफी कोशिश कइनीं। काफी गड़बड़ रहल। ऊ अमेरिका में स्वतंत्र अभिव्यक्ति के खत्म कइल चाहतने।”

मस्क के एह टिप्पणी के हाल ही में उनकर नागरिक अधिकार समूह के साथ भइल बैठक के साथ जोड़ के देखल जा रहल बा। जहां टेस्ला प्रमुख के अपने नेतृत्व के ले के सवालन के सामना करे के पड़ रहल बा। कई सामाजिक कार्यकर्ता लोग के चिंता जतवले रहनें कि अमेरिका में मध्यावधि चुनाव से पहिले ट्विटर नफरत भरल भाषण (हेट स्पीच) के जरिया बन सकsता।

मस्क के कमान सम्हरले के बाद यूजर्स डिएक्टिवेट कs रहल बानें अकाउंट

ट्विटर के ताजा डाटा के मुताबिक, एलन मस्क के कंपनी के कमान सम्हरले के बाद से ही एह प्लेटफॉर्म पर एक्टिव यूजर्स के संख्या में बड़ कमी देखल गइल। बॉट सेंटिनेल नाम के एक वेबसाइट के मुताबिक, 27 अक्तूबर के मस्क के टेकओवर के बाद से एक नवंबर ले ट्विटर पर करीब 8.75 लाख यूजर्स आपन अकाउंट डिएक्टिवेट कs लिहलें। एकरे अलावा ट्विटर पर करीब पांच लाख अकाउंट सस्पेंड भी हो गइल।

ट्विटर के बायकॉट करे वालन पर हो सकsता कार्रवाई

एही बीच हाल ही में एक ट्विटर यूजर एलन मस्क से कहलें कि आप के लग्गे 11 करोड़ से ज्यादा फॉलोअर्स बानें। अइसे एडवर्टाइजर्स के नाम ले के उनकर बहिष्कार करीं, जौन ट्विटर के बायकॉट में शामिल बानें, ताकि हम पलटवार कs के उनकर बायकॉट कर सकीं। अउर अपने 8 डॉलर प्रतिमाह के सब्स्क्रिप्शन प्लान के साथ आगे बढ़ीं, ताकि हम गंवावल राजस्व के भरपाई कs सकीं। एके ले के मस्क रिप्लाई में कहलें- “बिल्कुल, अगर एडवर्टाइजर्स के तरफ से ई जारी रहsता, त हम बिल्कुल अइसने ही करब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]