[the_ad_group id="30365"]

असम के सीएम हिमंत विश्व सरमा दिल्ली के डिप्टी सीएम मनीष सिसोदिया पर दर्ज करवले मानहानि के मामला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के परेशानी बढ़ सकेला. असम के मुख्यमंत्री हिमंत विश्व सरमा उनुका खिलाफ मानहानि के मामला दर्ज करवले बाड़े। एकरा से पहिले सीएम सरमा के पत्नी सिसोदिया के खिलाफ 100 करोड़ रुपया के मानहानि के मामला भी दर्ज करवले बाड़ी। दिल्ली के मंत्री कोविड पर्सनल प्रोटेक्टिव इक्विपमेंट (पीपीई) के ठेका के लेके सीएम सरमा प आरोप लगवले रहले।

डिप्टी सीएम सिसोदिया पीपीई किट के ठेका में भ्रष्टाचार के आरोप लगवले रहले। उ कहले कि सरमा अपना पत्नी रिंकी भुयान सरमा से जुड़ल एगो कंपनी के ठेका देले रहले अवुरी एकरा खाती बेहिसाब भुगतान कईले रहले।

सिसोदिया कहले रहले कि हिमंत विश्व सरमा अपना पत्नी के कंपनी के ठेका देले रहले। पीपीई किट खातिर उ 990 रुपया देले। जबकि, ओही दिन बाकी लोग दोसरा कंपनी से 600 रुपया प्रति टुकड़ा खरीद लिहले। इ एगो बड़ अपराध बा। एकरा संगे-संगे उ दावा कईले रहले कि एकरा के साबित करे खाती दस्तावेज बा।

हालांकि, सरमा दंपति ए आरोप के खंडन कईले बाड़े। सीएम सिसोदिया के चुनौती देत ​​कहले रहले कि, ‘हम जल्दिए गुवाहाटी में आपके मुलाकात करब, काहेंकी आपके आपराधिक मानहानि के सामना करे के पड़ी।’ खास बात ई बा कि कांग्रेस, वामपंथी दल, तृणमूल कांग्रेस, असम जतिया परिषद, राजजोर दल आ अंचलिक गणमोर्चा एह भ्रष्टाचार मामिला में सीबीआई के जाँच करावे के माँग कइले बा लोग.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]