[the_ad_group id="30365"]

उदयपुर हत्याकांड के विरोध: विहिप अउरी बजरंग दल के छत्तीसगढ़ बंद, BJP अउरी व्यापारिक संगठनन के समर्थन, प्रदेश में अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजस्थान के उदयपुर में टेलर कन्हैयालाल के हत्या का विरोध में छत्तीसगढ़ में बंद बोलावल गइल बा. विश्व हिन्दू परिषद आ बजरंग दल के एह बंद के व्यापारी आ भारतीय जनता पार्टी के समर्थन मिलल बा. बन्द के सफल बनावे खातिर विहिप आ बजरंग दल के कार्यकर्ता भी सबेरे से सड़क प निकलल रहले। राज्य के हालात के देखत पुलिस अलर्ट मोड प बिया। रायपुर में 500 से जादा पुलिस अधिकारी अवुरी कर्मचारी के तैनात कईल गईल बा। हर थाना क्षेत्र में गश्त बढ़ा दिहल गइल बा. आन्तरिक सुरक्षा के ध्यान में राखत राज्य सरकार सगरी जिला के पुलिस अधीक्षक से सतर्क रहे के कहले बिया. राज्य के अधिकांश जिला में सबेरे से व्यापारी आपन दोकान नईखन खोलले।

विहिप आ बजरंग दल के बन्द में उदयपुर घटना के विरोध करे खातिर अलग-अलग संगठन के समर्थन मिलल बा। छत्तीसगढ़ व्यापार मंडल भी दुपहरिया 2 बजे तक दोकान बंद करे के घोषणा कईले बा। विश्व हिन्दू परिषद अवुरी बजरंग दल के नेता स्कूल-कॉलेज के बंद करे के अपील कईले बाड़े। राजधानी रायपुर में संवेदनशील इलाका में पुलिस के खास नजर बा, ताकि शांति व्यवस्था के कवनो प्रकार से भंग मत होखे। एएसपी अवुरी डीएसपी रैंक के अधिकारी लगातार निगरानी करतारे। पुलिस क्विक रिस्पांस टीम भी बनवले बिया। कवनो तरह के अप्रिय स्थिति से बचे खातिर रिजर्व फोर्स के व्यवस्था कईल गईल बा। शुक्रवार के सांझ के बंद के देखत रायपुर के एसएसपी प्रशांत अग्रवाल भी सुरक्षा व्यवस्था के तैयारी के लेके बईठक बोलवले रहले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]