Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Breaking News: श्याम शरण नेगी के भइल निधन, आजाद भारत के रहलें पहिला मतदाता, जानीं कब डलले रहस आपन आखिरी वोट

468

श्याम शरण नेगी के भइल निधन, आजाद भारत के रहलें पहिलका मतदाता

भारत के पहिला मतदाता श्याम शरण नेगी के आज माने सनीचर सुबह नि के भोर में निधन हो गइल। बता दीं कि श्याम शरण शरण नेगी हिमाचल प्रदेश के किन्नौर के रहे वाला रहस। उनकर आयु 106 साल रहे। जानकारी होखे कि ऊ आपन आखिरी वोट बीतल 2 नवंबर के ही हिमाचल प्रदेश विधानसभा चुनाव खातिर पोस्टल बैलेट से डलले रहस।

ओहिजा,  डीसी किन्नौर आबिद हुसैन के कहनाम बा कि जिला प्रशासन सबसे बुजुर्ग मतदाता के अंतिम संस्कार के बेव्स्था कर रहल बा। उनका के सम्मानपूर्वक विदा करे के पूरा तइयारी कइल जा रहल बा।

16 बार कइलें लोकसभा चुनाव में मतदान

जुलाई 1917 में जनमल नेगी ने 1951 से लेके अभी ले 16 बेर लोकसभा चुनाव में मतदान कइलें रहस। एह विधानसभा चुनाव में ऊ 34वां बेर मतदान कइलें रहस। ऊ 2014 से हिमाचल के चुनाव आइकनो रहले, नेगी 1951 से हर चुनाव में मतदान कइले रहस। पेशा से शिक्षक रहल नेगी अपना जीवनकाल में कबहूं मतदान करे के अवसर ना छोड़लें।

2 नवंबर के नेगी खातिर बिछावल गइल रहे रेड कार्पेट

जिला निर्वाचन अधिकारी आबिद हुसैन सादिक बतवलें कि 2 नबंवर के मतदान के दिन नेगी के उनका घर के प्रांगण में बनल डाक बूथ तक ले आवे खातिर रेड कार्पेट बिछवले रहस। मतदान के बाद उनका वोट के एगो लिफाफा में बंद क के मतपेटी में डाल दिहल गइल रहें। एही के संगही श्याम सरण नेगी के टोपी आ मफलर भेंट क के सम्मानित कइल गइल रहें। सादिक कहलें कि 1951 से 2021 तक मंडी संसदीय सीट के उपचुनाव में नेगी अपना गांव के मतदान केंद्र प जाके हमेशा मतदान कइलें रहस आ एहु बेर ऊ मतदान केंद्रन प वोट डलला के इच्छुक रहस, बाकिर तबीयत खराब होखला के चलते ऊ घर से मतदान कइलें रहस।

1951 में भारी बर्फबारी के बादो मत डाले गइल रहलें नेगी

2014 के संसदीय चुनावन के दौरान प्लेज टू वोट अभियान खातिर गूगल द्वारा उनकर एगो वीडियो बनावल गइल रहें। जेकरा बाद नेगी विश्व स्तर प सुर्खियन में छा गइल रहलें। गूगल वीडियो वायरल होखला के बाद नेगी घर-घर में पहचानल जायल लगलें। एह वीडियो में उनका के 25 अक्टूबर 1951 के कहानी सुनावत दिखावल गइल रहे, जब ऊ भारी बर्फबारी के बावजूद मतदान केंद्र के ओर चले खातिर बाहर डेग रखलें रहस।

370040cookie-checkBreaking News: श्याम शरण नेगी के भइल निधन, आजाद भारत के रहलें पहिला मतदाता, जानीं कब डलले रहस आपन आखिरी वोट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.