Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एक दिन पहिलही पता चल गइल रहे कि हमरा प हमला होई: पाकिस्तान के पूर्व पीएम इमरान खान

357

पाकिस्तान के पूर्व प्रधानमंत्री इमरान खान अपना ऊपर भइल कातिलाना हमला के लेके बड़ खुलासा कइलें बाड़ें। ऊ कहलें कि उनका एह बात के जानकारी एक दिन पहिलही लाग गइल रहे कि उनका प अटैक होखे वाला बा।  अस्पताल के अंदर से देश के संबोधित करत इमरान खान कहलें, “हमरा एक दिन पहिलही पता चल गइल रहे कि हमरा प हमला होई।” इमरान बतवले कि उनका गोड़ में चार गोली लागल बा।

बता दीं कि पंजाब प्रांत के वजीराबाद में एगो विरोध मार्च के दौरान बियफे के पाकिस्तान तहरीक-ए-इंसाफ (पीटीआई) प्रमुख के काफिला प हमला कइल गइल रहे आ खान के पैर में गोली लागल रहे। हमला में एगो शख्स के मौत हो गइल आ कम से कम 10 लोग जख्मी हो गइल बा। अपना संबोधन के दौरान इमरान कहलें, “हम हमला के डिटेल के बारे में बाद में बताएम। बाकिर हमरा [हमला से ] एक दिन पहिले पता चलल कि ऊ लोग वजीराबाद में हमरा के मारे के योजना बनवले बा लो।”

एह हमला में एगो व्यक्ति के मौत हो गइल, ओहिजा खान (70) के पार्टी दावा कइलस ई ‘‘हत्या के प्रयास’’ रहे। पंजाब के वजीराबाद कस्बा के अल्लाहवाला चौक के लगे ई घटना ओह समय भइल जब खान जल्दी चुनाव करावे के आपन मांग के लेके इस्लामाबाद तक मार्च के नेतृत्व करत रहस।

पीटीआई प्रमुख इमरान खान अपना संबोधन के दौरान पीएमएल-एन आ पीपीपी प जमके निशाना सधलें। ऊ कहलें कि दुनो दल बड़ पैमाना प भ्रष्टाचार कइलस आ देश के कर्ज बढ़वलस। ऊ कहलें कि एनआरओ के जरिए दुनो पार्टियन के नेता लोगन के राहत दिहल गइल बा। इमरान कहलें, “लोग हमरा के वोट दिहल काहेकि ऊ लो ओह लोगन से तंग आ चुकल रहे [बाक़िर सैन्य] प्रतिष्ठान फैसला कइलस कि अब समय आ गइल बा ऊ हमरा के हटवा देलस।” ऊ कहलें कि प्रतिष्ठान के इस्तेमाल लोगन प फसीला थोपे खातिर कइल जाला। इमरान कहलें, अबकी बेर, ऊ लोग चौंक गइल कि लोग पिछला 40 साल से चोरी करे वालन के संगे ना गइल।

369880cookie-checkएक दिन पहिलही पता चल गइल रहे कि हमरा प हमला होई: पाकिस्तान के पूर्व पीएम इमरान खान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.