[the_ad_group id="30365"]

ब्लू टिक दियवले के नाम पर भेजल जा रहल बा फर्जी ई-मेल, क्लिक करतही डाटा हो सकsता चोरी, सावधान रहीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ट्विटर के तरफ से ब्लूटिक खातिर शुल्क लेहले के बात सामने अइतही साइबर जालसाज ट्विटर अकाउंट वेरीफिकेशन कइले के नाम पर लोग के फर्जी ई-मेल भेजल शुरू कs देहले बा। भेजल जा रहल ई-मेल में लिंक बा। जेके क्लिक करतही यूजर के डाटा चोरी हो सकsता। ऊ साइबर फ्राड के शिकार हो सकतने। यूपी साइबर पुलिस के पास इस तरह के शिकायत आइल बा। पुलिस लोगन के सावधानी बरतले के अपील कइले बानें।

माइक्रोब्लॉगिंग साइट ट्विटर के नयका मालिक एलन मस्क ब्लू टिक यूजर्स से शुल्क लेहले के बात कहलन। एलन मस्क ट्वीट क के अकाउंट वेरीफिकेशन खातिर आठ डॉलर लेहले घोषणा कइले बा। एसे ट्विटर यूजर्स में खलबली मचल बा।

केहू आपन ब्लू टिक बचावे के त केहू ब्लू टिक हटावे के ले के गूगल पर सर्च कs रहल बा। एकर फायदा अब साइबर जालसाज उठा रहल बानें। साइबर क्रिमिनल लोग के फर्जी ई-मेल भेज के अकाउंट वेरीफिकेशन के झांसा दे रहल बानें। एहमें ब्लूटिक बचावे के जानकारी देहले के बात कहल जा रहल बा।

भेजल जा रहल ई-मेल में तरह-तरह के लिंक बा। अगर कौनो यूजर्स ई-मेल में दिहल गइल लिंक के क्लिक क लेहलें त अपने डाटा से हाथ धो सकsता। ओकरे संगे साइबर फ्रॉड हो सकsता।

यूपी साइबर क्राइम के एसपी प्रोफेसर त्रिवेणी सिंह के कहनाम बा कि साइबर क्रिमिनल ब्लूटिक बचावे के जानकारी देहले के नाम पर लोग के लग्गे ईमेल कs रहल बानें अउर ओमें दिहल गइल लिंक के क्लिक करे खातिर कह रहल बानें। एह पर कतई भरोसा ना करीं अउर लिंक पर बिल्कुल भी क्लिक न करीं।

फर्जी ई-मेल में एह तरह के दीहल जा रहल बा जानकारी

साइबर जालसाज ट्विटर यूजर्स के फर्जी ई-मेल भेज रहल बाने। जेमें ई बतावल जा रहल बा कि अपने ब्लूटिक के बचावे खातिर इहां संपर्क कs सकतनी। कई बेर त लोग से कुछ पैसा लिहल जा रहल बा। दरअसल ई ई-मेल एह तरह से डिजाइन कइल गइल बा कि यूजर्स के एह पर भरोसा हो जाय। एह तरह के फर्जी ईमेल में ट्विटर वार्निंग, गेट ब्लूटिक, बी वेरीफाइड जइसन नाम से भेजल जा रहल बा।

ट्विटर पर ब्लूटिक बचवले के नाम पर ई-मेल भेजकर लोग से फ्रॉड करे के प्रयास के मामिला सामने आइल बा। एह तरह के कौनो ई-मेल पर भरोसा नाइ करीं। कौनो लिंक पर क्लिक न करीं।
– प्रो. त्रिवेणी सिंह, एसपी, यूपी साइबर क्राइम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]