Jamshedpur:(विश्वजीत भट्ट) झारखंड के जमशेदपुर से बड़ खबर आ रहल बा। इहां सोनारी एयरपोर्ट पs एगो विमान बुध के दुर्घटना के शिकार हो गइल। बतावल गइल कि छव सीट के एह विमान के लैंडिंग के बेरा चक्का खुल गइला से हादसा भइल। हादसा के खबर मिलते एयरपोर्ट पs अफरातफरी मच गइल तुरंत राहत aa बचाव के काम सुरु कs देहल गइल। ओइसे, जान माल के खास नुकसान ना भइल। केहू के घायल होखे के खबर नइखे। एयरपोर्ट प्रशासन के तरफ से अधिकारिक बयान नइखे आइल। मीडिया के घटना स्थल पs घुसे पs रोक लगा दिहल गइल बा। घटना के शिकार विमान अल्केमिस्ट एविएशन प्राइवेट लिमिटेड के हs। ओह पर प्रशिक्षक आ प्रशिक्षु सवार रहे लो। दूनो लोगन के हलुक चोट आइल बा।
BIG BREAKING: जमशेदपुर के सोनारी एयरपोर्ट पs विमान दुर्घटनाग्रस्त, लैंडिंग के बेरा चक्का खुलला से हादसा
Published on: Mar 16, 2022
Jamshedpur:(विश्वजीत भट्ट) झारखंड के जमशेदपुर से बड़ खबर आ रहल बा। इहां सोनारी एयरपोर्ट पs एगो विमान बुध के दुर्घटना के शिकार हो गइल। बतावल गइल कि छव सीट के एह विमान के लैंडिंग के
Share
Tags:
Share this article
खबरें और भी
दृश्यम 3 OTT रिलीज: पता चल गइल, ओटीटी पर कब आ कहवां रिलीज होई अजय देवगन के सस्पेंस थ्रिलर?
Latest News
6 घंटे पहले






