[the_ad_group id="30365"]

24 घंटा से बरस रहल बा बदरा: झमाझम बारिश से शहर में भइल जलभराव, सड़क भइल जलमग्न

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जात- जात मानसून आपन रंगत दिखा रहल बा। गोरखपुर में अक्टूबर  के पहिला हफ्ता में भइल बरखा के वजह से शहर के अलग-अलग इलाकन में जलभराव हो गइल। बुध के सबेरे 8 बजे से लेके बियफे सबेरे 8 बजे तक पिछला 24 घंटा के दौरान गोरखपुर शहर में 178 मिलीमीटर बरखा भइल आ ई लगातार जारी बा। मौसम विशेषज्ञन के अनुसार अगिला दु-तीन दिन तक बरखा जारी रहला के संभावना बा।

बुध के सबेरे से सुरू भइल बरखा बियफे के सबेरे तकरीबन 11:00 बजे तक जारी रहल। बरखा के वजह से दशहरा मेला के रंगो फीका पड़ गइल। बरखा के वजह से गोरक्षपीठाधीश्वर योगी आदित्यनाथ के नेतृत्व में निकले वाला विजयादशमी शोभायात्रा फीका पड़ गइल। हालांकि बरखा के बीच मां दुर्गा के प्रतिमा के विसर्जन जारी रहल बा।

बुध के देर रात से मूर्ति विसर्जन के जवन सिलसिला सुरू भइल उ बियफे के दुपहरिया तक लगातार चलत रहल। दूसरा ओर बरखा के वजह से शहर के निचला इलाकन में पानी भरे से लोगन के परेशानियो झेले के पड़ल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]