[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के गगहा में बस आ पिकअप के जोरदार टक्कर : डेढ़ दर्जन यात्री घायल, बस के परखच्चा उड़ल, एगो यात्री गंभीर, जिला अस्पताल रेफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के गगहा में अतवार के रोडवेज बस आ पिकअप में आमने-सामने के टक्कर हो गइल। ई भिड़ंत एतना तेज रहे कि रोडवेज बस के एक साइड के परखच्चा उड़ गइल। हादसा में बस में बइठल डेढ़ दर्जन यात्री चोटिल हो गइल लो। घटना के बाद सड़क से गुजर रहल राहगीर आ ग्रामीणन के मदद से घायलन के CHC गगहा पहुंचावल गइल। जहां एगो यात्री के गंभीर हालत में डॉक्टर गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कs दिहल लो।

असल में, दोहरीघाट डिपो के बस यात्रियन के लेके गोरखपुर जात रहे। अभी ऊ गगहा ब्लाक मुख्यालय के सामने पहुंचल रहे कि उलटा दिशा से आ रहल पिकअप से बस के भिड़ंत हो गइल। टक्कर एतना जोरदार रहे कि बस के एक साइड के परखच्चा उड़ गइल। भिड़ंत के बाद मचल चीख-पुकार सुनके आस-पास के ग्रामीण बस के ओर दउड़ल लो आ घायलन के बाहर निकालल। सड़क से गुजर रहल राहगिरन के मदद से ग्रामीण लोग घायलन के गगहा CHC पहुंचावल। इहां प्राथमिक उपचार के बाद डॉक्टर लोग गंभीर रूप से घायल एगो व्यक्ति के गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कs दिहल, फिलहाल ओकर हालत नाजुक बा।

दुर्घटना में एह लोगन के आइल चोट

बस आ पिकअप के भिड़ंत में कुशीनगर के रवि प्रताप, रत्नेश आ बिट्टू, बासगांव के अजय, महराजगंज के हेमंत आ अभिनव, देवरिया के विशाल आ पंकज, आजमगढ़ के आशुतोष मिश्रा सहित डेढ़ दर्जन लोग घायल हो गइल। एह संबंध में CHC अधीक्षक बृजेश कुमार बर्नवाल बतवलें कि घायलन के प्राथमिक उपचार दिहल गइल बा। एगो व्यक्ति के हालत नाजुक रहे। ओकरा के गोरखपुर जिला अस्पताल रेफर कइल गइल बा। बाकी घायलन के आराम मिलला पs डिस्चार्ज कs दिहल गइल।

साभार : दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]