[the_ad_group id="30365"]

कृपाल साड़ी के साथे तीन गो दुकानन में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

शनिचर के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे गोलघर जलकल भवन में स्थित तीन गो दोकान में भारी आग लाग गईल। दमकल विभाग के टीम आग के जानकारी मिलला के बाद मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू में ले आईल।

सीएफओ बतवले कि आग लगला से दोकान के बाहरी एलिवेशन के बहुत नुकसान पहुंचल बा। टीम के समय पs पहुंचला के चलते साड़ी के दोकान के भीतर आग फईले से रोकल गईल। दू गो फायर टेंडर से आग पूरा तरह से काबू में आ गइल । प्राइमा फेसी में आग लागे के कारण शार्ट सर्किट बतावल जाता। फिलहाल टीम अबे आग से भईल कुल नुकसान के आकलन करतिया। दूसर ओर दोकान मालिक के मुताबिक तीनों दोकान के मिला के करीब 30 लाख रुपिया के घाटा भईल बा। कृपाल साड़ी के सबसे बड़ नुकसान बतावल जाता।

कृपाल साड़ी के जलकल बिल्डिंग में दू मंजिला बड़का दोकान बा। एकरा अलावे एकरा बगल में हिना बुटीक अवुरी आभूषण के दोकान बा। हिना बुटीक में बैटरी के काम होला बतावल जाता की एही दुकान से आग लागल रहे।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]