Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कृपाल साड़ी के साथे तीन गो दुकानन में लागल भीषण आग

484

 

शनिचर के सबेरे करीब साढ़े तीन बजे गोलघर जलकल भवन में स्थित तीन गो दोकान में भारी आग लाग गईल। दमकल विभाग के टीम आग के जानकारी मिलला के बाद मउका पs पहुंचल अवुरी बहुत मेहनत के बाद आग पs काबू में ले आईल।

सीएफओ बतवले कि आग लगला से दोकान के बाहरी एलिवेशन के बहुत नुकसान पहुंचल बा। टीम के समय पs पहुंचला के चलते साड़ी के दोकान के भीतर आग फईले से रोकल गईल। दू गो फायर टेंडर से आग पूरा तरह से काबू में आ गइल । प्राइमा फेसी में आग लागे के कारण शार्ट सर्किट बतावल जाता। फिलहाल टीम अबे आग से भईल कुल नुकसान के आकलन करतिया। दूसर ओर दोकान मालिक के मुताबिक तीनों दोकान के मिला के करीब 30 लाख रुपिया के घाटा भईल बा। कृपाल साड़ी के सबसे बड़ नुकसान बतावल जाता।

कृपाल साड़ी के जलकल बिल्डिंग में दू मंजिला बड़का दोकान बा। एकरा अलावे एकरा बगल में हिना बुटीक अवुरी आभूषण के दोकान बा। हिना बुटीक में बैटरी के काम होला बतावल जाता की एही दुकान से आग लागल रहे।

 

 

773690cookie-checkकृपाल साड़ी के साथे तीन गो दुकानन में लागल भीषण आग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.