[the_ad_group id="30365"]

दक्षिण अफ्रीका में बस पुल से खाई में गिरल, 45 लोगन के मउत; खाली एगो लइकी के बचल जान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दक्षिण अफ्रीका में बियफ़ें के ईस्टर सेलिब्रेशन मनावे खातीर लोग के लेके जात बस एगो माउंटेन दर्रा पs बनल पुल से गिर गईल। पुल से गिरला के बाद बस में आग लाग गईल, जवना में नाहियो तs 45 लोग के मउत हो गईल। खबर के मुताबिक इs बस पड़ोसी देश बोत्सवाना से मोरिया शहर जात रहे। देश के उत्तरी लिम्पोपो प्रांत के अधिकारियन के कहना बा कि एह दुर्घटना में महज एगो 8 बरीस के बच्चा बच गइल बा आ ओकर इलाज हो रहल बा। हालांकि लईकी के भी गंभीर चोट आईल उs बतवले।

लिम्पोपो प्रांतीय सरकार के कहना बा कि बस ममातलकाला पुल के नीचे एगो खाई में 164 फीट गिर के आग लाग गइल। प्रांतीय सरकार के कहनाम बा कि तलाशी अभियान जारी बा लेकिन बहुत लाश एतना जादे जरल बा कि पहचानल मुश्किल हो गईल बा अवुरी अबे ले बस में फंसल बाड़े। अधिकारियन के कहना बा कि ओह लोग के मानल ​​बा कि बस पड़ोसी देश बोत्सवाना से ईस्टर के लोकप्रिय तीर्थ स्थल मोरिया शहर जात बिया। उनुका मुताबिक, लागता कि बस चालक के गाड़ी पs नियंत्रण खतम हो गईल अवुरी उनुकर भी मउत हो गईल।

पिछला साल दू सौ से अधिका लोग के मउत हो गइल

राष्ट्रीय परिवहन विभाग के कहल बा कि परिवहन मंत्री सिंडिसिवे चिकुंगा सड़क सुरक्षा अभियान खातिर लिम्पोपो प्रांत में रहले आ दुर्घटना स्थल के दौरा कइले रहले। उs बतवले कि चिकुंगा पीड़ित परिवार के प्रति संवेदना जतवले अवुरी दुर्घटना के कारण के जांच कईल जाता। दक्षिण अफ्रीका सरकार अक्सर ईस्टर के छुट्टी में सड़क दुर्घटना के खतरा के चेतावनी देत ​​रहेले काहे कि सड़क यात्रा खातिर ई व्यस्त आ खतरनाक समय होला। पिछला साल ईस्टर वीकेंड के दौरान सड़क दुर्घटना में दू सौ से अधिका लोग के मउत हो गइल रहे।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]