[the_ad_group id="30365"]

ज्ञानवापी मस्जिद केस : सुप्रीम कोर्ट सुनवाई स्थगित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वाराणसी के ज्ञानवापी मस्जिद पर आजु सुप्रीम कोर्ट में सुनवाई भइल. फिलहाल अदालत मामला के काल्ह शुक्रवार ले टार देले बिया। इहो कहल गइल कि तबले वाराणसी अदालत में भी सुनवाई ना होई।

एकरा से पहिले ज्ञानवापी मस्जिद के बारे में सर्वेक्षण रिपोर्ट वाराणसी कोर्ट में पेश कईल गईल रहे। एकरा अलावे आज शाही इदगाह मस्जिद मामला के सुनवाई मथुरा कोर्ट में होखे वाला बा, जवना प सुप्रीम कोर्ट नजर राखी।

सुप्रीम कोर्ट वाराणसी कोर्ट के सुनवाई पर भी रोक लगा दिहले बा। अदालत के कहनाम बा कि काल्हु एह मामिला के सुनवाई करी आ तबले वाराणसी अदालत में भी सुनवाई ना होखी. अब सुप्रीम कोर्ट एह मामिला पर काल्हु साँझ तीन बजे सुनवाई करी.

सुप्रीम कोर्ट कहलस कि ज्ञानवापी के मुद्दा प काल्ह तीन जज के पीठ के सुनवाई होई। कोर्ट हिन्दू पक्ष के वकील विष्णु जैन से कहलस कि उ अपना स्थानीय वकील से कहस कि उ निचला अदालत में आगे न बढ़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]