[the_ad_group id="30365"]

मुसलमानन का बारे में फ्रांस के नया एलान के चलते पैदा हो गइल विवाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

फ्रांस में मुस्लिम महिला लोग के पहिरे वाला स्विमसूट बुर्किनी के लेके एक बेर फेरु बहस भईल बा। दरअसल, फ्रांस के ग्रेनोबल शहर सोमार का दिने स्विमिंग पूल के नियम बदल दिहलसि जवना का बाद सरकारी तैराकी में बुर्किनी समेत हर तरह के स्विमसूट के अनुमति मिल गइल. एकरा बारे में फ्रांस के गृहमंत्री जेराल्ड डोरमैनिन कहले बाड़े कि इ स्वीकार्य नईखे अवुरी उ सरकारी स्विमिंग पूल में बुर्किनी पहिने के फैसला के उलट दिहे।

बुर्किनी मुस्लिम महिला लोग के पहिरे वाला स्विमसूट ह, जवना के इस्तेमाल महिला नहात समय बाल अवुरी शरीर के ढंके खाती करेली। फ्रांस के आलोचक एकरा के देश के इस्लामीकरण के प्रतीक मानत बाड़े आ ई हमेशा से एगो विवादित मुद्दा रहल बा.

एएफपी समाचार एजेंसी के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, अल्पाइन शहर ग्रेनोबल के मेयर सोमवार के घोषणा कईले कि, पुरुष अवुरी महिला सरकारी स्विमिंग पूल में बुर्किनी समेत अपना पसंद के कपड़ा प नहा सकेले। पहिले महिला लोग खातिर स्विमिंग पूल में एक तरह के पारंपरिक स्विमसूट आ पुरुष लोग खातिर ट्रंक पहिने के अनिवार्य रहे लेकिन अब एह नियम में बदलाव कईल गईल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]