[the_ad_group id="30365"]

28 फरवरी से ग्रेजुएशन पार्ट वन के परीक्षा : जेपी यूनिवर्सिटी शेड्यूल कइलास जारी, जल्दी वेब पs अपलोड हो जाई एडमिट कार्ड

PHD Enterance Exam
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जेपी यूनिवर्सिटी ग्रेजुएशन सत्र 2022-25 पार्ट वन परीक्षा के शेड्यूल जारी कs देले बा। परीक्षा 28 फरवरी से दु पालियन में लिहल जाई। पहिला पाली के परीक्षा सबेरे के 10 बजे से दुपहरिया के एक बजे तक आ दूसरका पाली के परीक्षा दुपहरिया के दु बजे से लेके सांझ के पांच बजे तक होई।

जेपी यूनिवर्सिटी के परीक्षा नियंत्रक डॉक्टर दिलीप बतवलें कि परीक्षा के पूरा शेड्यूल आ पूरा जानकारी यूनिवर्सिटी के वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल गइल बा। संगही सब कॉलेजन के नोटिस बोर्ड पs परीक्षा के शेड्यूल प्रकाशित करे के निरदेस दिहल गइल बा।

ऑनर्स विषय के परीक्षा 28 फरवरी से दु मार्च तक लिहल जाई। सब्सिडरी आ जनरल विषय के परीक्षा चार मार्च से लेके 13 मार्च के बीच लिहल जाई। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि पार्ट वन के एडमिट कार्ड जल्दिये वेबसाइट पs अपलोड कs दिहल जाई।

ग्रेजुएशन सत्र 2022-25 पार्ट वन के परीक्षा लगभग एक बरिस के देरी से लिहल जा रहल बा। यूनिवर्सिटी कावर से फॉर्म भरे में देरी आ एजेंसी से पेमेंट आदि के समस्यन के कारण सेशन लेट भइल बा। परीक्षा नियंत्रक बतवलें कि अब यूनिवर्सिटी कावर समय से परीक्षा ले लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]