Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

CBSE बोर्ड परीक्षा काल से शुरू, एग्जाम खातिर एडमिट कार्ड सबसे जरूरी, स्टूडेंट के यूनिफोरम में देवे के होई परीक्षा

CBSE Board Exam 2024: इस साल से बदला सीबीएसई 10वीं, 12वीं बोर्ड परीक्षा के पैटर्न आ रिजल्ट के प्रारूप, अब नो डिविजन, नो टॉपर डायबिटीज मरीजन के राहत

474

CBSE Important Guidelines: सीबीएसई बोर्ड हाले में बोर्ड परीक्षा के लेके अहम निर्देश जारी कइले बा । एह निर्देश से उ छात्र सन के राहत मिली जवन डायबिटीज के मरीज बाड़े । सीबीएसई अइसन छात्र-छात्राओं के परीक्षा हॉल में ग्लूकोमीटर, शुगर स्ट्रिप्स, दवा, कैंडी आ स्नैक्स आदि ले जाए के छूट देवलऽ गइलऽ बा।

 

नई दिल्ली: CBSE Board Exams 2024 Exam Day Instructions for all Students: सीबीएससी बोर्ड परीक्षा 2024 के काउंटडाउन शुरू हो गइलऽ बा सीबीएसई (CBSE) बोर्ड परीक्षा काल यानी 15 फरवरी से शुरू हो रहलऽ बा । केंद्रीय माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के कक्षा 10वीं आ 12वीं दुनो कक्षा के काल से शुरू होई । सीबीएसई बोर्ड परीक्षा सुबह 10:30 बजे शुरू हो जाई, जो दोपहर 12:30 बजे या 1:30 बजे तक चलि । सीबीएसई बोर्ड परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड आ डेटशीट जारी कर देवलऽ गइलऽ बा । उहमे हाले में बोर्ड सीबीएसई 10वीं, 12वीं बोर्ड परीक्षा 2024 के लेइके स्टूडेंट खातिर जरूरी निर्देश जारी कईले बा । इ निर्देश छात्रन के परीक्षा में का पहिन के जा सकत बाड़े की ना आ परीक्षा हॉल में खाए – पिए चाहे अउरी कवन चीजन के लेके जा सकत बाड़े आइ जाने के ।

 

CBSE Board Exam 2024: सीबीएसई बोर्ड 10वीं, 12वीं के छात्र एह साल से दु बार बोर्ड परीक्षा में लीहें भाग,

 

 

रेगलुर स्कूल यूनिफॉर्म

सीबीएसई बोर्ड परीक्षा में छात्र-छात्रा सन के अपना रेगलुर स्कूल यूनिफॉर्म में परीक्षा देवे के होई । हालांकि सीबीएसई प्राइवेट स्कूल के छात्र घर के कपडा पहीन परीक्षा दे सकत बाड़े। परीक्षा में स्टूडेंट के कवनो तरह के गहना पहिन के जाय के मनाही बा ।

 

खाए के समान नइखे ले जाए के

सीबीएसई बोर्ड 10वीं, 12वीं बोर्ड परीक्षा में छात्र परीक्षा हॉल में कवनो तरह के खाए के समाग्री लेके नइखे जा सकत । खाली डायबिटीज के मरीज अपना संगे खाए पिए के कुछ चीजन आ दवाइ लेके जा सकत बाड़े । हालांकि पिए के पानी हॉल में छात्र सन के मिल जाई । छात्र परीक्षा हॉल में सामान्य घड़ी पहिन के जा सकत बाड़े । कैलकुलेटर के संगे परीक्षा हॉल में एंट्री ना देवलऽ जाई।

 

CBSE Board Exam 2024: इस साल से बदला सीबीएसई 10वीं, 12वीं बोर्ड परीक्षा के पैटर्न आ रिजल्ट के प्रारूप, अब नो डिविजन, नो टॉपर 

 

डायबिटीज मरीजन के राहत

सीबीएसई बोर्ड हाले में एगो बड़हन फइसला लेले बा। एह फइसला से उऽ छात्रनऽ के राहत मिली जवन डायबिटीज मरीज बाड़े। सीबीएसई अइसन छात्र-छात्रा सन के परीक्षा हॉल में ग्लूकोमीटर, शुगर स्ट्रिप्स, दवा, कैंडी आ स्नैक्स आदि ले जाए के छूट देले बिया । हालांकि डायबिटीज पेसेंट छात्र सन मे सीबीएसई बोर्ड परीक्षा में हर दिन कम से कम 45 मिनट पहिले आना आवे के होई आ उनकरा एग्जाम सेंटर इंचार्ज के सूचित करे के हो

ई ।

738850cookie-checkCBSE बोर्ड परीक्षा काल से शुरू, एग्जाम खातिर एडमिट कार्ड सबसे जरूरी, स्टूडेंट के यूनिफोरम में देवे के होई परीक्षा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.