[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर : हफ्ता भर बाद निकलल घाम, लोगन के मिलल राहत ; न्यूनतम आ अधिकतम तापमान बढ़ल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में लगभग हफ्ता भर बाद सुक के घाम निकलल। लगातार चार दिनन ले कोल्ड-डे रहला के घाम होखला के चलते मौसम खुशनुमा हो गइल बा। ओहिजा, न्यूनतम आ अधिकतम तापमान में बढ़न्ती भइल बा। बियफे के जहां न्यूनतम तापमान पांच डिग्री सेल्सियस रहे, तs ओहिजा सुक के ई बढ़कके 7.5 डिग्री सेल्सियस पहुंच गइल।

जबकि, अधिकतम तापमान में 3 डिग्री बढ़ के 15 डिग्री सेल्सियस पहुंच गइल। कइयन दिन से मौसम के मार से सार्वजनिक परिवहन पs बुरा असर पड़त रहे, बाकिर सुक के बदलल मौसम के मिजाज से एमे बहुत हद तक सुधार आइल बा। दिल्ली से गोरखपुर आवे वाली पहिला फ्लाइट समय से लैंड भइल।

ओहिजा जदि बात ट्रेनन के करीं तs 1 दिन पहिले ले 15- 16 घंटा के देरी से चल रहल ट्रेनन के समय में सुधार भइल। भटिंडा से गोरखपुर आवे वाली गोरखधाम एक्सप्रेस करीब सवा घंटा के देरी से गोरखपुर पहुंचल, जबकि वैशाली एक्सप्रेस खाली आधा घंटा के देरी से गोरखपुर आइल। कोहरा छंटला से ट्रेनन के समय में सुधार भइल बा। सुक के विजिबिलिटी निमन रह। घाम होखला से गलन कम भइल बा।

अयोध्या खातिर चले लगल रामरथ बस 

प्रदेश सरकार अयोध्या के यात्रा करवावे खातिर परिवहन विभाग के 10 रामरथ बस देले बिया। एमे गोरखपुर के दुगो रामरथ बस मिलल बा। गोरखपुर रीजन के RM लव कुमार सिंह बतवलें कि सुक से एह बसन के गोरखपुर से अयोध्या के बीच में संचालन सुरू हो गइल। ऊ बतवलें कि ई बस रोज दू फेरा लगइहें सs। RM कहलें कि जरूरत पड़ला पs आउर बसन के अयोध्या रूट पs चलावल जाई। श्रद्धालुअन के कवनो असुविधा ना होखे दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]