[the_ad_group id="30365"]

छपरा में तीन गो लईकन के जन्म देहली महिला: 20 मिनट के अंतराल में तीनो लईकन के भइल जन्म

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा में एगो महिला एक साथ तीन गो लईकन के जन्म देले बाड़ी। ममिला मढौरा के रेफरल अस्पताल के हs। महिला के पहचान मुफस्सिल थाना क्षेत्र के महतो मुसेहरी गांव निवासी पिंकी देवी पति तूफानी राय के रूप में भइल बा।

अस्पताल में तीन गो लईकन के एक संगे जन्म देला के बात फइलतही जच्चा-बच्चा के देखे खातिर लोगन के जमावड़ा लाग गइल। तीनो लईकन के प्रसव नॉर्मल तरीका से भइल बा। तीनो लईका स्वस्थ बतावल जा रहल बा लो। एकनी के वजन दु किलो तीन किलो के बीच बा। महिला के प्रसव पीड़ा के बाद बुध के रात में भर्ती करावल गइल बा।

प्रसव करावे वाली नर्स कंचन सिन्हा बतवली कि महिला पिंकी देवी के प्रसव पीड़ा में देर रात के रेफरल अस्पताल में भर्ती करावल गइल। एकरा बाद बढ़ते दरद के बीच सुरक्षित डिलेवरी के प्रक्रिया सुरू कs दिहल गइल। इस्थिति नॉर्मल होखला के चलते महिला के डिलीवरी हो गइल। दूसरका लईका होखला के बाद आश्चर्य तब भइल जब तीसरका लईका के जन्म भइल।

20 मिनट में तीनों लईकन के जन्म भइल। तीन लईकन में दुगो लईकी आ एगो लईका बा। महिला के पहिलही से तीन गो लईका बा लो। तीन गो लईकन के जन्म के बाद लईकन के देखे खातिर लोगन के जमावड़ा लाग गइल। 24 घंटा रखला के बाद स्वास्थ परीक्षण कs ke जच्चा-बच्चा के छोड़ दिहल जाई।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]