[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या में मंदिर आए वाला सभ रास्ता बंद, रामनगरी आए वाला बस रोकले के सूचना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रामलला प्राण प्रतिष्ठा समारोह के बाद पहिला सबेरे अयोध्या के राम मंदिर में भक्तन के दर्शन दे रहल बाड़न। मंगल के सबेरे से दर्शन खातीर श्रद्धालु के भारी भीड़ जुटल बा।

रामलला के देखे खातिर भक्त लोग जुटल

राम मंदिर के उद्घाटन के बाद मंगल के जब पहिला बेर आम जनता खातीर मंदिर खुलल तs आस्था के रेल उमड़ पड़ल। रामलला के दर्शन करे खातिर सबेरे 4:00 बजे से भक्त राम जन्मभूमि पहुंचल रहले।

दर्शन करावे खातीर भक्त सुरक्षा के उल्लंघन कईले

अयोध्या के श्री राम जन्मभूमि मंदिर में रामलला के दर्शन करे खातिर भारी भीड़ जुटल बा। दर्शन करावे खातीर भक्त सुरक्षा के उल्लंघन कईले। काल्हु श्री राम जन्मभूमि मंदिर में अभिषेक समारोह कइल गइल।

एक घंटा पहिले दुपहरिया में मंदिर खुलल

राम जन्मभूमि के मुख्य पुजारी आचार्य सत्येन्द्र दास बतवले कि मंदिर आरती के बाद सबेरे 6:30 बजे खुलल रहे, मंदिर खुलते ही दर्शन खातिर भक्त लोग के भीड़ लागे लागल। राम लला के दर्शन करे खातिर भारी संख्या में भक्त दू-तीन दिन रुकल रहले। भीड़ के देखत मंदिर के एक घंटा पहिले दुपहरिया में खोलल गईल। पहिला पाली में ही 50 हजार से अधिका श्रद्धालु लोग आइल बाड़े।

भीड़ देख के लखनऊ आ बाराबंकी के डीएम फैसला लिहले

मंगल के दिने अयोध्या में रामलला के दर्शन करावे खातिर भक्तन के भारी भीड़ जुटल रहे। हालात अइसन हो गइल कि ओहिजा मौजूद प्रशासन के जनता पs काबू पावे खातिर कड़ा संघर्ष करे के पड़ल। एह झगड़ा के दौरान बहुत लोग घायल भी हो गईले। लखनऊ जिला मजिस्ट्रेट के निर्देश बा कि अबे कवनो यात्री के अयोध्या ना भेजल जाए। बढ़त भीड़ के काबू में करे में समस्या बा। बल्कि इहाँ से लोग के कहीं अउर भेजे के इंतजाम होखे के चाही। कृपया अयोध्या सेवा दू घंटा ले स्थगित रखे के बा। अयोध्या से परे यात्रियन खातिर कवनो रोक नइखे। सभे क्षेत्र के अनुपालन सुनिश्चित करीं।

अयोध्या जाए वाला सब सड़क बंद, पैदल आ रहल बाड़े लोग

अयोध्या मंदिर जाए वाला सगरी सड़क बंद कs दिहल गइल बा। दोसरा तरफ खबर बा कि अयोध्या आवे वाली सगरी बसन के रोक दिहल गइल बा। मंदिर में जाए वाला सड़क चार से पांच किलोमीटर पहिले बंद कs दिहल बा। पैदल ही आवे के इजाजत बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]