[the_ad_group id="30365"]

स्वच्छ वायु सर्वेक्षण 2024: गोरखपुर में 40 फीसदी प्रदूषण घटल, देस में चउ था स्थान पs रहल- सुधरल रैंकिंग

पैडलेगंज से रुस्तमपुर - फोटो : संवाद न्यूज एजेंसी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय प्रदूषण नियंत्रण बोर्ड के ओर से जारी स्वच्छ वायु सर्वेक्षण-2024 में गोरक्षनगरी के देस भर में चउथा स्थान प्राप्त भइल बा। तीन से 10 लाख तक के आबादी वाला शहरन में गोरखपुर ई उपलब्धि हासिल कइले बा। एह वर्ग में पहिला पायदन पs फिरोजाबाद, दूसरका पs अमरावती आ तीसरका पs झांसी बा।

नेशनल क्लीन एयर प्रोग्राम के बेहतर परिणाम अब आवे लागल बा। शहर के वायु गुणवत्ता में तेजी से सुधार होत दिख रहल बा। स्वच्छ वायु सर्वेक्षण के आंकड़ा एकर पुष्टि कs रहल बा। फिरोजाबाद नगर निगम के 197 अंक, अमरावती के 195 आ झांसी के 193.5 अंक मिलल बा। जबकि गोरखपुर नगर निगम को सर्वेक्षण में 191.5 अंक प्राप्त भइल बा।

दु अंक से नगर निगम तीसरका स्थान से पिछड़ गइल बा। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल बतवलें कि शहर के स्वच्छ आ सुंदर बनावे खातिर नगर निगम लगातार काम कs रहल बा। सड़कन के एंड टू एंड पेविंग कइल जा रहल बा। डिवाइडर पs ग्रीन बेल्ट के निर्माण, कचरा निस्तारण खातिर कइल गइल पहल आदि के ई देन बा कि सर्वेक्षण में गोरखपुर के चउथा स्थान प्राप्त भइल बा। 2025 में एमे आउर बेहतर परिणाम देखे के मिली।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]